Bihar Politics: ‘भूमिहार’ वाला टिप्पणी पऽ जदयू में घमासान

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 31, 2024

बिहार के ग्रामीण विकास मंत्री अशोक चौधरी के भूमिहार जाति के बारे में एगो टिप्पणी के चलते जदयू में झगड़ा मचल बा। पार्टी के मुख्य प्रवक्ता आ पूर्व मंत्री नीरज कुमार एकरा खातिर चौधरी पs

Share

Ashok Chaudhary

बिहार के ग्रामीण विकास मंत्री अशोक चौधरी के भूमिहार जाति के बारे में एगो टिप्पणी के चलते जदयू में झगड़ा मचल बा। पार्टी के मुख्य प्रवक्ता आ पूर्व मंत्री नीरज कुमार एकरा खातिर चौधरी पs अनुशासनात्मक कार्रवाई के मांग कइले बाड़े। अशोक चौधरी कहले रहले कि जहानाबाद के लोकसभा चुनाव में भूमिहार के एगो बड़ तबका जदयू के वोट ना देलस।

ग्रामीण विकास मंत्री अशोक चौधरी के भूमिहार जाति के बारे में एगो टिप्पणी के चलते जदयू में झगड़ा मचल बा। पार्टी के मुख्य प्रवक्ता अवुरी पूर्व मंत्री नीरज कुमार एकरा खातिर चौधरी पs अनुशासनात्मक कार्रवाई के मांग कइले बाड़े।

चौधरी तीन दिन पहिले जहानाबाद में भइल पार्टी के बइठक में कहले रहले कि भूमिहार के एगो बड़ तबका लोकसभा चुनाव में जदयू उम्मीदवार चंदेश्वर प्रसाद चंद्रवंशी के वोट ना दिहलस। एकरा चलते चंद्रवंशी के हार हो गइल। कहलन कि भूमिहार समुदाय मतदान करत घरी पार्टी से बेसी अपना जाति के प्राथमिकता देला। ई कवनो बढ़िया ट्रेंड नइखे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.