पीएम मोदी मुंबई के नेवी डॉकयार्ड में नौसेना के 3 गो प्रमुख युद्धपोत आईएनएस सूरत, आईएनएस नीलगिरी अवुरी आईएनएस वाघशीर के राष्ट्र के समर्पित कईले। एह मौका पs पीएम कहले कि नयका युद्धपोत से राष्ट्र के सुरक्षा मजबूत होई। आज भारत नौसेना के मजबूत करे के दिशा में एगो बड़ कदम उठा रहल बा। हमनी के नौसेना सैकड़न लोग के जान बचा लेले बिया।
पीएम कहले कि तीनों सेवा में आत्मनिर्भरता के मंत्र अपनावल गईल बा। भारत विस्तारवाद ना, विकास के भावना से आगे बढ़ेला। संगही उs कहले कि आज भारत के पूरा दुनिया में अवुरी खास तौर पs ग्लोबल साउथ में एगो भरोसेमंद अवुरी जिम्मेदार साझेदार के रूप में मान्यता दिहल जाता।
मेड इन इंडिया हs युद्धपोत
पीएम कहले कि भारत पs दुनिया के भरोसा बढ़ता। हमनी के पूरा दुनिया के परिवार मानत बानी जा। पीएम कहले कि इs गर्व के बात बा कि तीनों फ्रंटलाइन नौसेना के जवान मेड इन इंडिया बाड़े। आज के भारत दुनिया के एगो प्रमुख समुद्री शक्ति के रूप में उभर रहल बा।
पीएम के पूरा स्पीच इहां सुनीं–
The commissioning of three frontline naval combatants underscores India's unwavering commitment to building a robust and self-reliant defence sector. Watch LIVE from Mumbai. https://t.co/d1fy14qcrT
— Narendra Modi (@narendramodi) January 15, 2025
पीएम कहले कि भारत के समुद्री धरोहर, नौसेना के गौरवशाली इतिहास अवुरी आत्मनिर्भर भारत अभियान खातीर आज एगो बड़ दिन बा। छत्रपति शिवाजी महाराज के पवित्र धरती पs हमनी के 21वीं सदी के नौसेना के मजबूत करे के दिशा में बहुत बड़ कदम उठावत बानी जा। ई पहिला बेर बा जब कवनो विध्वंसक जहाज, फ्रीगेट आ पनडुब्बी, तीनों मिलजुल के काम कs रहल बा.
पीएम छत्रपति शिवाजी महाराज के भी जिक्र करत कहले कि उs नौसेना के नाया ताकत अवुरी दृष्टि देले बाड़े। उल्लेखनीय बा कि एह बेड़ा में तीन गो बड़हन नौसैनिक लड़ाकू जहाजन के शामिल कइल भारत के रक्षा क्षेत्र में एगो बड़हन योगदान बा जवन भारत के रक्षा निर्माण आ समुद्री सुरक्षा में वैश्विक अग्रणी बने के राह पs ले जाई.
इहो पढ़ीं : कांग्रेस पार्टी के नया पता 9-A कोटला रोड… सोनिया गांधी कइली ‘इंदिरा भवन’ के उद्घाटन