असम। नरेंद्र मोदी असम के बरपेटा में चुनावी रैली के दौरान विपक्ष पs जोरदार हमला कइलें। ऊ कहलें कि अबकि बेर असम के जनता दूगो बड़ फैसला करे जा रहल बिया।
प्रधानमंत्री कहलें कि पहिला- राज्य में भारतीय जनता पार्टी आ एनडीए सरकार के हैट्रिक तय बा। दूसरका- दिल्ली में बइठल “शाही परिवार” अबकि बेर अपना हार के सेंचुरी पूरा करी आ एमे असम के जनता के अहम भूमिका रही।
महिला आरक्षण बिल पs समर्थन के अपील
पीएम मोदी महिला आरक्षण विधेयक पs सब दलन से एकजुट समर्थन के अपील कइलें। ऊ बतवलें कि सरकार 16 अप्रिल से संसद के विशेष सत्र बुला रहल बा,आ सब पार्टियन से आग्रह कइल गइल बा कि महिला अधिकार से जुड़ल एह अहम कानून के सर्वसम्मति से पास कइल जावs।
भरम फइलावे के आरोप
मोदी कहलें कि कुछ लोग एह मुद्दा पs भरम फइलावे के कोसिस करत बा, बाकिर ई बिल देस के हर राज्य खातिर फायदेमंद बा। ऊ साफ कइलें कि पूर्वोत्तर आ दक्षिण भारत जइसन इलाका में प्रतिनिधित्व कम ना होई, बलुक सरकार सीट बढ़वला पs काम करत बिया।
कांग्रेस पs सधलें निशाना
रैली में पीएम मोदी कांग्रेस पs तीखा हमला कइलें। ऊ कहलें कि कांग्रेस कबो दीर्घकालिक विकास के सोच से काम ना करे आ छोट समय के राजनीति से भ्रष्टाचार बढ़ावे के काम करेले। ओहिजा, भाजपा देस के लमहर समय के विकास पs ध्यान देत बिया।
असम के विकास पs जोर
मोदी कहलें कि पिछिला 10 साल में असम में शांति आ इस्थिरता ले अइला पs खास ध्यान दिहल गइल बा। आवे वाला समय में राज्य के विकास आउर तेज कइल जाई।
स्थापना दिवस पs बधाई
पीएम मोदी भाजपा के स्थापना दिवस पs कार्यकर्ता लोगन के बधाई देत कहलें कि “राष्ट्र प्रथम” के मंत्र के संगे पार्टी देस सेवा में जुटल बा आ आत्मनिर्भर भारत के लक्ष्य लेके आगे बढ़ रहल बा।
रैली में जुटल बड़ भीड़
बरपेटा के रैली में बड़ भीड़ जुटल, जवन नया रिकॉर्ड बनवलस। पीएम मोदी कहलें कि एह भीड़ से साफ बा कि जनता भाजपा के समर्थन में खड़ा बिया।









