Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार के खेल प्रेमियन खातिर नौकरी के बहार: 382 पदन पs होई खिलाड़ियन के नियुक्ति, नवनिर्मित राजगीर स्टेडियम खातिर 81 पदन पs होई बहाली

945

बिहार में खेलन के लेके एगो नया क्रांति आवे वाला बा। बिहार सरकार 382 पदन पs नियुक्ति के मंजूरी देले बा। बिहार राज्य खेल प्राधिकरण, खेल अकादमी आ राजगीर के अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम के सुचारु संचालन खातिर बहाली कइल जाई। 382 में से 200 पदन पs प्रशिक्षकन के नियुक्ति होखे के बा। एमे 48 राजगीर खेल अकादमी, बिहार राज्य खेल प्राधिकरण आ जिला खातिर 152 प्रशिक्षकन के नियुक्ति होखे के बा।

बिहार राज्य खेल प्राधिकरण के महानिदेशक सह मुख्य कार्यकारी अधिकारी रवीन्द्रन शंकरण कैबिनेट में मिलल मंजूरी पs खुसी जाहिर करत कहलें कि ई बिहार के खिलाड़ियन खातिर बहुत बड़ तोहफा बा। एमे बिहार राज्य खेल प्राधिकरण के सुगम प्रबंधन आ संचालन खातिर मुख्यालय आ क्षेत्रीय स्तर पs अलग-अलग कोटि के 301 पदन के सृजन के स्वीकृति दिहल गइल बा। ओहिजा, नालंदा जिला अंतर्गत राजगीर में निर्माणाधीन राज्य खेल अकादमी आ अंतरराष्ट्रीय मानक के क्रिकेट स्टेडियम के सुगम संचालन खातिर अलग-अलग कोटि के 81 पदन पs बहाली होई।

खिलाड़ियन के तइयार करे में मदद मिली 

ई नया पद सृजित होखला से राज्य के प्रतिभावान खिलाड़ियन के चयन प्रारंभिक स्तर से कइल जाई, कम उमिर वाले खिलाड़ियन के प्रारंभिक खेल गतिविधियन में सम्मिलित कइल गइला से संबंधित कार्यक्रमन के आयोजन कइल जा सकी। जवना से राष्ट्रीय स्तर आ अंतरराष्ट्रीय स्तर के खिलाड़ियन के तइयार करे में मदद प्राप्त होई।

राज्य खेल अकादमी आ अंतरराष्ट्रीय मानक के क्रिकेट स्टेडियम, राजगीर में वर्तमान में कुल 24 खेल विधा क्रिकेट, फुटबाल, एथलेटिक्स, हॉकी, वालीबाल, बास्केटबाल, बैडमिंटन, जुड़ो, ताईक्वांडो, लॉन टेनिस, हैंडबाल, साईकिलिंग, तैराकी, कबड्डी, कुश्ती, भारोत्तोलन, बॉक्सिंग, वुशु, तलवारबाजी, स्कवैश, तीरंदाजी, निशानेबाजी, टेबल टेनिस, बिलियर्डस आयोजन आ प्रशिक्षण हो सकी।

901810cookie-checkबिहार के खेल प्रेमियन खातिर नौकरी के बहार: 382 पदन पs होई खिलाड़ियन के नियुक्ति, नवनिर्मित राजगीर स्टेडियम खातिर 81 पदन पs होई बहाली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.