[the_ad_group id="30365"]

आज से होई ओलंपिक 2024 के सुरुआत, जानीं भारत के पहिला दिन के पूरा शेड्यूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ओलंपिक 2024 : ओलंपिक 2024 आजु से यानी 26 जुलाई से शुरू हो रहल बा। अबकी बेर फ्रांस के राजधानी पेरिस में ओलंपिक के आयोजन हो रहल बा. जवना खातिर पूरा तइयारी कइल गइल बा. ओलंपिक 2024 के सुरुआत उद्घाटन समारोह से होखी. अबकी ओलंपिक में कुल 10,500 एथलीट भाग ले रहल बाड़े। एह एथलीटन के नजर अपना अपना देश खातिर पदक जीते पs रही. भारत के बात कईल जाए तs भारत के कुल 117 एथलीट ओलंपिक में भाग लेवे खातीर पूरा तरीका से तैयार बाड़े। एह एथलीटन में 72 गो अइसन खिलाड़ी बाड़े जे पहिला बेर ओलंपिक खेलन के हिस्सा बन जइहें. पूरा देश के नजर एs एथलीटन पs टिकल बा। अइसना में बताईं कि ओलंपिक के पहिला दिन भारत के पूरा कार्यक्रम का बा.

ओलंपिक के पहिला दिन भारत के कार्यक्रम

पेरिस ओलंपिक 2024 के पहिला दिन के सुरुआत उद्घाटन समारोह से होखी. भारत के कवनो एथलीट एह दिन कवनो खेल में भाग ना ​​लीहें. भारतीय एथलीट आपन पहिला मैच 27 जुलाई के खेलीहें. अइसना में बता दीं कि 27 जुलाई के कवना खेल में भारतीय एथलीट एक्शन में लउकीहें.

*दुपहरिया 12:00 बजे – बैडमिंटन (वुमेंस सिंगल्स)

*दुपहरिया 12:30 बजे – शूटिंग (10M एयर राइफल मिक्स्ड टीम क्वालिफिकेशन)

*दुपहरिया 12:30 बजे – रोइंग (मेंस स्कल्स हीट)

*दुपहरिया 12:45 बजे – शूटिंग (10M एयर राइफल वुमेंस क्वालिफिकेशन)

*दुपहरिया 1:00 बजे – घुड़सवारी: ड्रेसाज

*दुपहरिया 1:30 बजे – टेबल टेनिस (वुमेंस सिंगल्स आ मेंस सिंगल्स)

*दुपहरिया 02:00 बजे – शूटिंग (10M एयर पिस्तौल मेंस क्वालिफिकेशन)

*दुपहरिया 03:30 बजे – टेनिस (मेंस डबल्स का पहला राउंड)

*दुपहरिया 03:50 बजे – बॉक्सिंग (वुमेंस 50 किलोग्राम प्रिलिम्स – राउंड ऑफ 32)

*साँझ 4:00 बजे – शूटिंग (10M एयर पिस्तौल वुमेंस क्वालिफिकेशन)

*साँझ 5:30 बजे – बैडमिंटन (मेंस सिंगल्स और मेंस डबल्स)

*साँझ 5:45 बजे – आर्चरी (वुमेंस टीम)

*साँझ 6:30 बजे – टेनिस (मेंस सिंगल्स शुरुआती राउंड #1)

*रात 9:00 बजे – मेंस हॉकी (भारत बनाम न्यूजीलैंड)

*रात 11:00 बजे – बैडमिंटन (वुमेंस डबल्स)

*रात 11:30 बजे – बॉक्सिंग (वुमेंस 54 किलोग्राम प्रिलिम्स – राउंड ऑफ 32)

उपरोक्त कार्यक्रम के समय में बदलाव हो सकेला।

एह एथलीटन पs नजर रही

10M एयर राइफल मिक्स्ड टीम क्वालिफिकेशन इवेंट में सभकर नजर संदीप सिंह, एलावेनिल वलारिवान, अर्जुन सिंह चीमा अवुरी रमिता पs होई। ई पदक के आयोजन होखे वाला बा. एह आयोजन में भारत से कुल दू गो टीम भाग ले रहल बाड़ी सँ. दोसरा तरफ भारतीय प्रशंसकन के भी पुरुष हॉकी टीम से बहुते उम्मीद बा. भारतीय पुरुष हॉकी टीम पिछला बेर कांस्य पदक जीतले रहुवे. अबकी बेर प्रशंसक उनुका से स्वर्ण पदक के उमेद करत बाड़े. एकरा अलावे 27 जुलाई के बैडमिंटन खातिर भी बड़ दिन होखे वाला बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]