गंगा सेवा निधि द्वारा होखे वाली विश्व प्रसिद्ध मां गंगा के आरती दशाश्वमेध घाट पर फिर से होखे लागल बा। घण्ट घड़ियाल से 75 दिन बाद पूरा घाट गूंज गइल।
75 दिन बाद दशाश्वमेध घाट पर होखे वाला विश्व प्रसिद्ध मां गंगा के आरती घाट पर भइल। माई गंगा के बढ़त जलस्तर के कारण 74 दिन गंगा सेवा निधि कार्यालय के छत पर मां भगवती के आरती होत रहल।
घाट के लौटल रौनक से देश विदेश से आइल पर्यटक अउर श्रद्धालुअन के चेहरा पर खुशी दिखल।
दीपमाला से घाट दमक उठल। एह दौरान बड़ संख्या में श्रद्धालु अउर गंगा सेवा निधि के कोषाध्यक्ष आशीष तिवारी,सचिव हनुमान यादव ट्रष्ट सचिव सुरजीत सिंह आदि मौजूद रहलें।
आरती देखे खातिर घाट पर लोग के हुजूम उमड़ पड़ल। विदेश से आइल पर्यटक भी ई अद्भुत नजारा देख के खुश हो गइलें।
Comments are closed.