[the_ad_group id="30365"]

पहिला बेर दीपोत्सव में शामिल होइहें प्रधानमंत्री मोदी, देखिहें मंदिर निर्माण के प्रगति के काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दीपोत्सव में शामिल होखें खातिर 23 अक्टूबर के अयोध्या आ रहल बानें। एह बात के पुष्टि जिलाधिकारी नीतीश कुमार  बुधवार देर रात के कइलें।
मोदी के ई दूसरा अयोध्या दौरा ह। एसे पहिले 5 अगस्त 2020 के नरेंद्र मोदी कोरोना काल मे अयोध्या आकर राम मंदिर निर्माण कार्य के शुभारंभ कइले रहनें। 2 साल बाद पीएम मोदी फिर अयोध्या आ रहल बानें। उ रामलला के दर्शन करे के साथ-साथ राम मंदिर निर्माण के प्रगति भी देखिहें। सथही साथ योगी सरकार के दूसरे कार्यकाल के पहले दीपोत्सव के मुख्य अतिथि भी पीएम नरेंद्र मोदी होइहें।
पीएम के आगमन के ले के प्रशासनिक तैयारियां जोरों पर बा। त उहवें श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट भी उनके मंदिर निर्माण के प्रगति से अवगत करावे खातिर तैयारी में जुटल बा। जिलाधिकारी नितीश कुमार बतवलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दीपोत्सव में 23 अक्टूबर के अयोध्या आ रहल बानें। उ रामलला के दर्शन क के मंदिर निर्माण कार्य देखिहें। करीब साँझ 4:30 बजे वे अयोध्या पहुँचीहें।
एकरे बाद राम कथा पार्क में आयोजित राम राज्याभिषेक समारोह में शामिल होइहें। इहां से पीएम मोदी राम के पैड़ी पर दीपोत्सव के शुभारंभ करिहें, सरयू आरती कर आतिशबाजी भी देखिहें। पीएम मोदी के भव्य स्वागत के तैयारी कइल जा रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]