फिलीपींस में फेर फाटल कनलाओन ज्वालामुखी, 87,000 लोगन के कइल गइल रेस्क्यू

कनलाओन ज्वालामुखी

Share

फिलीपींस के कनलाओन ज्वालामुखी में भारी विस्फोट भइल बा.  विस्फोट के बाद राख के बादल हजारों मीटर आसमान में गुबार फैल गईल।  प्रशासन के ओर से पास के गांव के खाली करावे के आदेश दिहल गईल बा अवुरी राहत के काम चलता।  फिलीपींस के नागरिक रक्षा कार्यालय के कहल बा कि कनलाओन ज्वालामुखी के विस्फोट के चलते करीब 87 हजार लोग के तुरते प्रभाव से बचा के सुरक्षित जगहा ले जाइल गइल बा.

एकरा से पहिले भी विस्फोट भईल बा

नेग्रोस द्वीप पs स्थित कनलाओन ज्वालामुखी समुंद्र तल से 2,400 मीटर (लगभग 8,000 फीट) ऊपर उठल बा। ई फिलीपींस के 24 गो सक्रिय ज्वालामुखी सभ में से एक हवे।  ई ज्वालामुखी पहिले भी कई बेर फट चुकल बा आ एकरा लगे स्थित गाँवन खातिर ई हमेशा से खतरा के निशान रहल बा। 

कनलाओन एगो सक्रिय ज्वालामुखी हवे 
फिलीपींस इंस्टीट्यूट ऑफ ज्वालामुखी विज्ञान आ भूकंप विज्ञान अलर्ट के स्तर बढ़ा दिहले बा. संस्थान चेतावनी देले बा कि विस्फोट शुरू हो गईल बा जवन कि अवुरी बड़ विस्फोट में बदल सकता। कनलाओन ज्वालामुखी आखिरी बेर एह साल जून में विस्फोट भइल रहे. ई ज्वालामुखी नीग्रोस दीप पs नीग्रोस ओरिएंटल आ नीग्रोस ऑक्सिडेंटल प्रांत सभ में फइलल बा आ ई देस के सभसे सक्रिय ज्वालामुखी सभ में से एक हवे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-