सीरिया के राष्ट्रपति बशर अल-असद के विमान क्रैश? अचानक रडार से गायब भइल प्लेन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 8, 2024

सीरिया में चलत राजनीतिक संकट के बीच बड़हन खबर सामने आइल बा. दावा कइल जा रहल बा कि सीरिया के राष्ट्रपति बशर अल असद के विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा. बतावल जाता कि उनुकर विमान

Share

सीरिया के राष्ट्रपति बशर अल-असद के विमान क्रैश

सीरिया में चलत राजनीतिक संकट के बीच बड़हन खबर सामने आइल बा. दावा कइल जा रहल बा कि सीरिया के राष्ट्रपति बशर अल असद के विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा. बतावल जाता कि उनुकर विमान 500 मीटर ऊँच आसमान में दुर्घटनाग्रस्त हो गईल, जवना के मलबा भी बरामद हो गईल। दुर्घटना से पहिले विमान रडार से गायब हो गईल बा। 

विद्रोही विमान के गिरा दिहले?

बतावल जात बा कि बशर अल असद अपना परिवार के साथे देश छोड़त रहले जब विमान दुर्घटनाग्रस्त भइल. अइसन दावा भी हो रहल बा कि विद्रोही असद के विमान मार गिरा दिहले बाड़े।

विद्रोही लगातार आगे बढ़ रहल बाड़े

सीरिया के हालात लगातार बिगड़त जात बा. विद्रोही सीरिया के तीन गो बड़हन शहरन पs कब्जा कs लिहले बाड़न जवना में अलेप्पो, होम्स आ दारा शामिल बा. होम्स में विद्रोही राष्ट्रपति बशर अल असद के पिता के प्रतिमा भी गिरा दिहले। सीरिया के सेना शहर, कस्बा आ गाँव में लोग के सुरक्षा देबे में नाकाम रहल बिया. 

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.