पाकिस्तान में आम चुनाव से पहिले पेट्रोल में लागल ‘आग’, जानीं सरकार केतना बढ़ा दिहले बा दाम?

Minee Upadhyay

पाकिस्तान में लोग महंगाई से बुरी तरह से त्रस्त बा। खाद्य पदार्थ के दाम से लेके एलपीजी आ पेट्रोल के दाम तक के दाम आसमान छू रहल बा। लेकिन चुनाव से पहिले सरकार एक बेर फेरु आम आदमी के जेब लूट कईले बिया।8 फरवरी के होखे वाला चुनाव से पहिले पाकिस्तान सरकार पेट्रोल के दाम बढ़ा दिहले बिया। पेट्रोल के बढ़ल दाम महंगा पेट्रोल से पहिलही से परेशान आम जनता पs ‘पेट्रोल बम’ निहन बा।

पाकिस्तान के अंतरिम सरकार आम जनता पs ‘पेट्रोल बम’ फटवले बिया। बुध के दिने पाकिस्तान के अंतरिम सरकार पेट्रोल के दाम 13.55 रुपिया बढ़ा दिहले बिया। प्रति लीटर के दाम में एs बढ़ोतरी के बाद पाकिस्तान में पेट्रोल के दाम अब 272.89 रुपिया हो गईल बा। पहिले इs भाव 259.34 रुपिया प्रति लीटर रहे। अगर हाई स्पीड डीजल यानी ‘एचएसडी’ के बात कईल जाए तs इs बढ़ोतरी 2.75 रुपिया बा। एकरा संगे अब एचएसडी के कीमत 278.96 पs पहुंच गईल बा।

पहिले से अधिका दाम बढ़ल

हालांकि नया अधिसूचना में लाइट डीजल, तेल अवुरी मट्टी तेल के दाम में केतना बढ़ोतरी भईल बा, एकर जानकारी नईखे दिहल गईल। पेट्रोल के दाम में बढ़ोतरी पहिले के उम्मीद से जादे बा। अंतरराष्ट्रीय दाम अवुरी आयात प्रीमियम में बढ़ोतरी के चलते अगिला पखवाड़ा में पेट्रोल अवुरी एचएसडी के दाम में 5-9 रुपिया प्रति लीटर के बढ़ोतरी होखे के अनुमान लगावल गईल।

पेट्रोलियम उत्पाद के दाम बढ़ गईल

डॉन न्यूज के रिपोर्ट के मुताबिक सूत्र कहले रहले कि पछिला पखवाड़ा में अंतरराष्ट्रीय बाजार में दुनो प्रमुख पेट्रोलियम उत्पाद के दाम बढ़ गईल बा। अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया के बढ़ोतरी के बावजूद पाकिस्तान स्टेट ऑयल (पीएसओ) के भी आयात प्रीमियम जादा देवे के पड़ल। एकरा चलते एचएसडी के दाम में 4-6 रुपिया प्रति लीटर अवुरी पेट्रोल के दाम में 6.5 से 9 रुपिया प्रति लीटर के बढ़ोतरी होखे के उम्मेद रहे। हालांकि मिट्टी के तेल अवुरी एलडीओ के दाम में अबे ले कवनो बदलाव ना होखे के उम्मेद बा।

आम जनता महंगाई से त्रस्त बा

पाकिस्तान के जनता पहिलही से महंगाई से त्रस्त बा। आटा-दाल के दाम अतना बढ़ल बा कि लोग के जिए में दिक्कत हो गइल बा। एकरा संगे बिजली के दाम भी बहुत जादे बा। जहां आम जनता महंगाई के चक्की में कुचलत जाता तs दोसरा ओर पाकिस्तान के नेता अवुरी सेना पs बीच-बीच में भ्रष्टाचार के आरोप लागल बा। कई गो नेता लोग के भी सजा मिलल बा। एह सब के बीच पाकिस्तान में 8 फरवरी के आम चुनाव होखे वाला बा। अयीसना में महंगाई से त्रस्त आम जनता केकरा के नयकी सरकार के रूप में चुनेले, उs चुनाव के नतीजा घोषित होखला के बाद ही पता चली।

 

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।