PET Exam पऽ अफवाह फइलावे वालन पऽ दर्ज होई मुकदमा, इंटरनेट मीडिया पऽ पुलिस रखी खास नजर

Share

गोरखपुर। प्रारंभिक अर्हता परीक्षा (पीईटी) 2025 के लेके सुरक्षा बेवस्था पुख्ता कs दिहल गइल बा। पुलिस मुख्यालय साफ निरदेस देलस कि परीक्षा से संबंधित कवनो तरे के अफवाह फइलावे वाला पऽ मुकदमा दर्ज कऽ के कड़ा कार्रवाई कइल जाई। इंटरनेट मीडिया पऽ खास निगरानी रखे के निरदेस दिहल गइल।

पुलिस मुख्यालय के अधिकारी कहल लोग कि जदि कवनो व्यक्ति परीक्षा से संबंधित कवनो पोस्ट करत बा तऽ ओकरा से प्रमाण मांगल जाई। जदि पोस्ट झूठ पावल गइल तs ओकरा खिलाफ तत्काल मुकदमा दर्ज कइल जाई। प्रदेश में प्रारंभिक अर्हता परीक्षा छह व सात सितंबर के आयोजित होई।

जिला में बनावल गइल 49 केंद्रन पऽ 93 हजार 24 अभ्यर्थी सामिल होई लो। परीक्षा दुनो दिन दु-दु पाली में करावल जाई। जेके लेके सुरक्षा आ यातायात बेवस्था के इंतजाम करे खातिर पुलिस महकमा जुटल बा।

निगरानी खातिर प्रशासन 49 सेक्टर मजिस्ट्रेट आ 49 स्टैटिक मजिस्ट्रेट के तैनाती कइल गइल बा। सी श्रेणी के केंद्र पऽ एसडीएम आ तहसीलदार स्तर के अधिकारियन के ड्यूटी लगावल गइल बा ।

एसपी रेलवे सुरक्षा बेवस्था के लेके कइलें बैठक

प्रारंभिक अहर्ता परीक्षा में अभ्यर्थी के ट्रेन से आये-जाये में कवनो तरे के दिक्कत ना होखे, एकरा खातिर रेलवे विशेष तइयारी कइलस। एसपी रेलवे लक्ष्मी निवास मिश्र मंगर के अनुभाग के सब थानेदार आ चौकी प्रभारियन के संगे ऑनलाइन
बइठक कइलें।

उ निर्देश देलें कि स्टेशन पऽ अभ्यर्थियन खातिर अलग से बेवस्था बनावल जाई। स्पेशल ट्रेन के जानकारी अभ्यर्थियन के लगातार उपलब्ध करावल जाई, ताकि केहू के असुविधा ना होखे।

Read Also: Gorakhpur News : पद्मश्री प्रो. विश्वनाथ तिवारी के धर्मपत्नी दुर्गावती देवी के निधन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-