[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में साक्षरता दिवस पs निकालल गइल रैली, लईकन के शिक्षा खातिर कइल गइल प्रेरित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। अंतर्राष्ट्रीय साक्षरता दिवस के अवसर पर डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) दयानंद इकाई के ओर से जागरूकता रैली के आयोजन कइल गइल। एह रैली के नेतृत्व प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी  प्रतिभा गुप्ता कइल लोग।

स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका “पढ़ेंगे-पढ़ाएंगे, देश को साक्षर बनाएंगे” के नारा लगावत आस-पास के क्षेत्रन में जनजागरूकता फइलावल लोग। रैली के बाद एनएसएस टीम नजदीकी मलिन बस्तियन के दौरा कइलस आ ओह लईकन से संपर्क कइलस जे अभी ले शिक्षा से वंचित बा।

कार्यक्रम के दौरान स्वयंसेवक लईकन के माता-पिता से मुलाकात कs के ओह लोगन के समझावे के प्रयास कइलस कि शिक्षा हर लईका के मूलभूत अधिकार हs आ ओकनी के विद्यालय भेजल बहुत जरूरी बा। लईकन के विद्यालय जाये खातिर प्रेरित करे ला पुस्तक, स्लेट आ चॉक वितरित कइल गइल।

एह पहल के दौरान इहो पता चलल कि अभियो समाज के कुछ वर्ग शिक्षा के महत्व के नजरअंदाज कs रहल बा। कइयन गाे परिवार आर्थिक कारणन से लईकन के स्कूल ना भेज पावेला। एकरा पs आयोजक लोग कहल कि समाज के जिम्मेदार नागरिक होखला के नाते ई हमनी सभे के दायित्व बा कि शिक्षा से वंचित वर्ग के साक्षर समाज के हिस्सा बनावल जावs।

एह अवसर पs महाविद्यालय के वनस्पति विभाग से डॉ. संजय कुमार पांडे उपस्थित रहलें आ ऊ स्वयंसेवकन के प्रोत्साहित कइलें। कार्यक्रम में विनय, विवेक, आदर्श, सुमेर, आस्था आ प्रिया सहित सब स्वयंसेवक आ स्वयंसेविक सक्रिय भागीदारी निभावल लोग।

Read Also: अब एनआईओएस में होई भोजपुरी के पढ़ाई, ऑनलाइन चली क्लास

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]