योग कs के ऊर्जावान भइल लोग साधक- योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति

Share

गोरखपुर: गोरखपुर के जटेपुर उत्तरी काली मंदिर के प्रांगण में अतवार के सरिता देवी जी के नेतृत्व में ओम फिटनेस योग संस्थान के युवा योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति जी द्वारा एक दिन के योग साधना प्रशिक्षण शिविर आयोजन कs के सभे के योग आयुर्वेद के जानकारी देत अलग अलग योगाभ्यास करावल गइल। योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति जी सभे के योगाभ्यास करावत बतवलें कि जदि अपना रोज के जिनगी में सबेरे 1 घंटा योगाभ्यास खातिर समय निकालल जाव तs सायद हमार आवे वाला बिहान स्वास्थ्यमय आ निरोगमय होई।

प्रांगण में उपस्थित खण्ड विकास अधिकारी श्री दुर्गा प्रसाद प्रजापति जी उपस्थित होके योग कार्यशाला के सराहना कइलें।

योगाभ्यास के दौरान उपस्थित क्षेत्रीय जनमानस अनूप प्रजापती, बीजेपी वरिष्ठ कार्यकर्ता श्याम जी श्रीवास्तव, योग आयुर्वेद नारी सशक्तिकरण अभियान के महिला जिला सचिव गीतांजली चौरसिया, अनूप श्रीवास्तव, सरोज देवी ,आयुष प्रजापति, कुसुम देवी, दिव्यराज, अथर्व राज, मुकेश जी, ब्यास चौरसिया जी, अंजली देवी, बेबी देवी, सुनील सिंह आ मन्दिर परिसर के पुरोहित रूपेश मिश्र इत्यादि सब लोग उपस्थित होके योग कs के सभे के सन्देश ज्ञापित कइल लोग।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-