स्पोर्ट्स डेस्क। एशिया कप 2025 में भारत से लगातार तीसरका हार के सामना कइला के बाद पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) अध्यक्ष मोहसिन नकवी के सोशल मीडिया पs भारी विरोध हो रहल बा। फाइनल में जीतला के बाद भारतीय खिलाड़ी नकवी से ट्रॉफी लेबे से मना कs दिहल लोग, जवन पीसीबी आउर एसीसी अध्यक्ष खातिर बड़ शर्मिंदगी रहल। सोशल मीडिया पs पाकिस्तानी फैंस नकवी के हटावे आ असली खिलाड़ियन के टीम में वापसी करावे के जोरदार मांग कs रहल बा लोग।
राजनीतिक नेता के हमला
पीटीआई नेता मूनिस इलाही एक्स पs लिखलें कि जदि पीएम शाहबाज शरीफ में हिम्मत बा त ऊ मोहसिन नकवी के खिलाफ तुरंत कार्रवाई करस। ऊ कहलें कि नकवी पाकिस्तानी क्रिकेट के बरबाद कs देलें बाड़ें।
पूर्व राज्यपाल के आरोप
सिंध के पूर्व राज्यपाल मोहम्मद जुबैर कहलें कि नकवी बाबर आजम आ मोहम्मद रिजवान के बाहर कs के गलत खिलाड़ियन के चुनलें, जवना के असर से पूरा टीम कमजोर पड़ गइल।
इमरान खान के टिप्पणी
पूर्व पीएम इमरान खान जेल से कहलें कि मोहसिन नकवी पाकिस्तानी क्रिकेट के ओइसने नुकसान पहुंचावत बाड़ें, जइसे सेना प्रमुख देस के कs रहल बाड़ें।
पत्रकारन के नाराजगी
पत्रकार उमर दराज गोंडल लिखलें कि भारतीय खिलाड़ी लोगन के नकवी से हाथ ना मिलावल एगो चेतावनी बा। ऊ कहलें कि पाकिस्तान में क्रिकेट के हाल ओइसही हो रहल बा जवना तरे हॉकी के भइल रहे। राजनीतिक नियुक्ति खतम ना भइला तक सुधार संभव नइखे।