Asia Cup 2025 Prize Money: पाकिस्तान के हरवला के बाद टीम इंडिया भइल मालामाल, बीसीसीआई से मिलल 21 करोड़ इनाम

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 29, 2025

नई दिल्ली। एशिया कप 2025 के फाइनल में भारत पाकिस्तान के 5 विकेट से हराके 9वां बेर खिताब अपना नामे कs लेलस। ई जीत भारत खातिर खास रहे, काहे कि 2016 वाला टी20 एशिया कप

Share

नई दिल्ली। एशिया कप 2025 के फाइनल में भारत पाकिस्तान के 5 विकेट से हराके 9वां बेर खिताब अपना नामे कs लेलस। ई जीत भारत खातिर खास रहे, काहे कि 2016 वाला टी20 एशिया कप के बाद ई दूसरा मौका रहल जब टीम इंडिया एह फॉर्मेट में कप जीतलस। 17वां एडिशन जीतला के बाद टीम इंडिया पs इनाम के बरसात (Asia Cup 2025 Prize Money) भइल।

बीसीसीआई दुबई में एलान कइलस कि भारतीय टीम आ सपोर्ट स्टाफ के 21 करोड़ रुपिया इनाम में दिहल जाई। बीसीसीआई के सचिव देवजीत सैकिया कहलें – “ई जीत सानदार रहल। हमनी के अपना प्लेयर आ सपोर्ट स्टाफ पs गर्व बा। ई इनाम टीम आ पूरा देस खातिर गर्व के बात बा।”

सोशल मीडिया पs बीसीसीआई लिखलस – “तीन वार, शून्य जवाब। एशिया कप चैंपियंस। 21 करोड़ रुपइया इनाम राशि टीम आ सपोर्ट स्टाफ खातिर।”

एह टूर्नामेंट में भारत अपराजित रहल। टीम इंडिया एको मैच ना हारल आ लगातार सातो मुकाबला जीतके कप आपन नामे कs लेलस। बीसीसीआई उपाध्यक्ष राजीव शुक्ला ट्वीट करत लिखलें – “एशिया के अपराजित चैंपियन। पाकिस्तान पs 3-0 के क्लीन स्वीप खातिर टीम इंडिया के बधाई। तिलक वर्मा आ कुलदीप यादव दबाव में अद्भुत खेलल लोग।”

Asia Cup 2025 Cash Prize Money (US$)

  • टोटल: 78,000
  • विनर: 30,000 (लगभग 2.5 करोड़ रुपिया)
  • रनर-अप: 20,000 (लगभग 1.3 करोड़ रुपिया)
  • मैन ऑफ द सीरीज: 15,000
  • फाइनल प्लेयर ऑफ द मैच: 5,000
  • MVP अवार्ड: 15,000
  • सबसे जादे रन आ विकेट लेवे वाला: 1,000-1,000 क्रमशः।

Read Also: Siwan : कन्हौली मिडिल स्कूल के भूमिदाता राम विलास दुबे के निधन पs शोक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.