PBKS vs MI Playing 11: फाइनल में पहुंचे से एक डेग दूर पंजाब आ मुंबई, चहल करिहें वापसी? संभावित प्लेइंग-11

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (आरसीबी) के खिलाफ क्वालिफायर-1 मुकाबला में मिलल हार के निराशा के पीछे छोड़के पंजाब किंग्स के नजर वापसी पs टिकल होई। दूसरका ओर, खिताब के प्रबल दावेदार गुजरात टाइटंस के एलिमिनेटर में हरावे वाली मुंबई इंडियंस के टीम बढ़ल मनोबल के संगे क्वालिफायर-2 में उतरी। पंजाब आ मुंबई के टीम फाइनल में पहुंचे से एक डेग दूर बाड़ी सs।

पंजाब के ग्रुप चरण में शीर्ष पs रहला के कारण फाइनल में पहुंचे के दूसरका मवका मिलल बा। पंजाब आ मुंबई दुनो खातिर ई सेमीफाइनल मुकाबला के तरे बा। मुंबई भलही गुजरात टाइटंस के खिलाफ एलिमिनेटर मुकाबला में हर विभाग में अच्छा प्रदर्शन कइलस, बाकिर ओकरा खिताबी मुकाबला में पहुंचे खातिर पंजाब के हरावे के होई। दूसरका तरफ, पंजाबो खातिर मुंबई के हरावज कठिन चुनौती होई।

पंजाब के करे के होई वापसी

आरसीबी के खिलाफ करारी हार के बाद पंजाब के आत्मविश्वास कम भइल होई, बाकिर पंजाब किंग्स के जदि पहिला बेर चैंपियन बने के बा तs ओकरा एह मैच में आपन सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन करे के होई। आरसीबी आ पंजाब किंग्स के तुलना में मुंबई इंडियंस के टीम नॉकआउट चरण में जीत दर्ज करे के जादे अनुभव रखत बिया। ओकर मुख्य कोच माहेला जयवर्धने के सामने चुनौती अपना टीम के संगठित रखे के होई। श्रीलंका के पूर्व कप्तान हालांकि अभी तक ई भूमिका अच्छा तरे से निभवले बिया। पिछलका सत्र में सबसे निचला पायदान पs रहल मुंबई इंडियंस के प्लेऑफ में पहुंचावे में ऊ महत्वपूर्ण भूमिका निभवले बाड़ें।

पंजाब किंग्स में कप्तान श्रेयस अय्यर आ मुख्य कोच रिकी पोंटिंग के जोड़ी खातिर चुनौती ई सुनिश्चित करे के होई कि उनकर खिलाड़ी पिछलका मैच में मिलल करारी हार के भूल जाये लोग आ अपना ऊर्जा के ओह चुनौतियन से लड़े में लगावे लोग जवन विशेषकर गेंदबाजी विभाग में कुछ खिलाड़ियन के बाहर हो गइला से सामने आइल बा। एकरा चलते ओकर मुख्य तेज गेंदबाज अर्शदीप सिंह पs अतिरिक्त दबाव बन रहल बा। ओहिजा, पंजाब के बल्लेबाजी पिछला मैच में बहुते खराब रहल रहे आ टीम 101 रन पs ऑलआउट हो गइल रहे। पंजाब के मुंबई के खिलाफ बल्लेबाजी में सुधार करे के होई।

चहल के उपलब्धता फिटनेस पs निर्भर

मार्को यानसेन के अनुपस्थिति आ आईपीएल में सबसे जादे विकेट लेवे वाला युजवेंद्र चहल के अनुपलब्धता टीम खातिर परेसानी के सबब बन गइल बा काहेकि उ एह खिलाड़ियन के जगह पs जवन विकल्प आजमावल ऊ अपेक्षित प्रदर्शन ना कs सकल लोग। चहल जदि पूरा तरे फिट रहलें तs उनकर एह मैच में खेलल तय बा, बाकिर उनका उपलब्धता पs मैच से पहिलही कवनो फैसला लिहल जाई।

रोहित के फॉर्म में लवटल मुंबई खातिर राहत के बात

जहां तक मुंबई इंडियंस के सवाल बा तs अनुभवी बल्लेबाज रोहित शर्मा सुरू में मिलल दुगो जीवनदान के फायदा उठाके गुजरात टाइटंस के खिलाफ बड़ पारी खेलले। रोहित फेर से लय में लवट आइल बाड़ें आ पंजाब किंग्स के गेंदबाजन खातिर उनका पs अंकुश लगावल आसान ना होई। जदि समग्र तौर पs देखल जाव तs मुंबई इंडियंस के टीम में कवनो कमी नजर नइखे आवत काहेकि ऊ खेल के हर विभाग में अच्छा प्रदर्शन कइले बिया। फाइनल में पहुंचे खातिर ई टीम बहुत हद तक रोहित, जसप्रीत बुमराह, सूर्यकुमार यादव, तिलक वर्मा आ कप्तान हार्दिक पंड्या पs निर्भर रही।

एह मुकाबला खातिर दुनो टीमन के संभावित प्लेइंग-11 एह तरे बा…

पंजाब किंग्सः प्रियांश आर्या, प्रभसिमरन सिंह, जोश इंग्लिस (विकेटकीपर), श्रेयस अय्यर (कप्तान), नेहाल वढेरा, शशांक सिंह, मार्कस स्टोइनिस, अजमातुल्लाह ओमरजई, हरप्रीत बरार, काइल जैमीसन, अर्शदीप सिंह।
मुंबई इंडियंसः जॉनी बेयरस्टो (विकेटकीपर), रोहित शर्मा, सूर्यकुमार यादव, तिलक वर्मा, हार्दिक पांड्या (कप्तान), नमन धीर, मिचेल सैंटनर, राज बावा, ट्रेंट बोल्ट, जसप्रीत बुमराह, रिचर्ड ग्लीसन।

Read Also: Tej Pratap Yadav: ‘माई-बाबूजी… हमार दुनिया रउए में समाइल’, लालू के एक्शन के बाद तेज प्रताप के भावुक पोस्ट

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-