[the_ad_group id="30365"]

India Test Squad For England: भारतीय टेस्ट टीम के भइल एलान, शुभमन गिल के मिलल कप्तानी, पंत उपकप्तान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क : Indian Team Test Squad For England: रोहित शर्मा आ विराट कोहली के संन्यास लेला के बाद भारतीय टेस्ट क्रिकेट में नया जुग के आरंभ हो गइल बा। एकर सुरुआत 20 जून से इंग्लैंड दौरा से होई। बीसीसीआई सनीचर के टेस्ट सीरीज खातिर टीम के एलान कs देलस। शुभमन गिल के नया कप्तान बनावल गइल बा।

भारतीय टीम वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के चउथा संस्करण के आगाज नवहा टीम के संगे करी। कप्तान रोहित शर्मा के टेस्ट से रिटायरमेंट लेला के बाद युवा शुभमन गिल के नया कप्तान बनावल गइल बा। ओहिजा, ऋषभ पंत के उनकर डिप्टी नियुक्त कइल गइल बा। विराट कोहली के टेस्ट संन्यास लेला के बाद उनकर जगह भरे खातिर साई सुदर्शन के चुनल गइल बा। भारतीय टीम में रवींद्र जडेजा आ जसप्रीत बुमराह मात्र दुगो अनुभवी खिलाड़ी के रूप में मवजूद हबा लोग।

इंग्लैंड दौरे खातिर भारतीय टीम: शुभमन गिल (कप्तान), ऋषभ पंत (विकेटकीपर/उपकप्तान), यशस्वी जायसवाल, केएल राहुल, साई सुदर्शन, अभिमन्यू ईश्वरन, करुण नायर, नीतीश रेड्डी, रवींद्र जडेजा, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), वॉशिंगटन सुंदर, शार्दुल ठाकुर, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद सिराज, प्रसिद्ध कृष्णा, आकाश दीप, अर्शदीप सिंह आ कुलदीप यादव।

Read Also: Sports Update: पहला हॉकी इंडिया मास्टर्स कप 18 जून से चेन्नई में; इंडियन ओपन सर्फिंग 30 मई से

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]