पीएम नरेंद्र मोदी के लेके पवन सिंह कइले ट्वीट, बोलले- चुनाव से पहिलवे हमार एगो वचन पूरा हो जाई

Minee Upadhyay

 

 

 

 

लोकसभा चुनाव 2024 के देखत छठवाँ चरण के मतदान 25 मई आजु हs. एह दौरान पीएम नरेंद्र मोदी पूर्वी उत्तर प्रदेश समेत दोसरो जिला के दौरा करीहें. बता दीं कि छठवाँ चरण के मतदान सबेरे 7 बजे से शुरू होखी आ साँझ छह बजे ले चली. एs दौरान 8 राज्य अवुरी केंद्र शासित प्रदेश के 58 सीट पs मतदान होई। सातवाँ चरण के मतदान एक जून के करावल जाई. एs दौरान 57 सीट पs मतदान होई। बता दीं कि चुनाव के नतीजा 4 जून के घोषित हो जाई। एही बीच सभकर नजर काराकाट लोकसभा सीट पs बा।

पवन सिंह पीएम मोदी के बारे में ट्वीट कईले

असल में काराकाट लोकसभा सीट से भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह चुनाव लड़त बाड़न. पवन सिंह निर्दलीय के रूप में चुनाव लड़तारे। उपेंद्र कुशवाहा एनडीए गठबंधन से चुनावी मैदान में बाड़े। एही बीच पवन सिंह बयान देले बाड़े। पवन सिंह सोशल मीडिया साइट एक्स पs एगो पोस्ट शेयर कईले बाड़े। एह पोस्ट में उs लिखले कि, “खबर आ रहल बा कि काल्ह देश के प्रधानमंत्री आदरणीय नरेंद्र मोदी डेहरी में आयोजित एगो जनसभा में “डालमिया नगर” में बंद कारखाना के फेर से खोले के घोषणा करे जा रहल बाड़े। जदी अयीसन भईल तs तब चुनाव से पहिले हमार एक वादा प्रॉमिसरी नोट पूरा हो जाई काराकाट लोकसभा क्षेत्र के जनता के प्रगति हमार असली जीत हs।”

बता दीं कि काराकाट लोकसभा सीट से निर्दलीय उम्मीदवार के रूप में चुनाव लड़े वाला पवन सिंह के भाजपा पार्टी से निकाल देले बिया। दरअसल जब से पवन सिंह निर्दलीय मैदान में उतरले रहले तब से चर्चा होखत रहे कि भाजपा कब पवन सिंह के पार्टी से निकाल दिही। अयीसना में 22 मई के पार्टी चिट्ठी जारी कs पवन सिंह के पार्टी से बाहर निकले के रास्ता देखा देलस। हालांकि पार्टी से निकाल दिहला के बाद पवन सिंह ट्विटर पs बयान देके लिखले कि, हमनी के आपन कर्तव्य निभावब अवुरी काराकाट के नाया बनाई। एह पोस्ट के संगे पवन सिंह एगो चुनावी पोस्टर शेयर कईले बाड़े। ओकरा पs लिखल रहे कि, “कैंची के सोझा बटन दबा के भारी वोट से उनुका के जीत दिही।”

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।