Lok Sabha Election 2024 : छठवां चरण के मतदान सुरू, पीएम मोदी पूर्वांचल में करिहें रैली, पढ़ी आजु के अपडेट्स

By Anurag Ranjan

Published on: May 25, 2024

  लोकसभा चुनाव 2024 के देखत पांचवा चरण के मतदान खतम हो गईल बा। आज यानी 25 मई के छठवाँ चरण के मतदान शुरू हो गइल बा। 25 मई के 8 राज्य अवुरी केंद्र शासित

Share

 

लोकसभा चुनाव 2024 के देखत पांचवा चरण के मतदान खतम हो गईल बा। आज यानी 25 मई के छठवाँ चरण के मतदान शुरू हो गइल बा। 25 मई के 8 राज्य अवुरी केंद्र शासित प्रदेश के 58 सीट पs मतदान हो रहल बा। बता दीं कि आखिरी चरण के वोटिंग एक जून के होई. बता दीं कि सातवाँ चरण में 8 राज्य के 57 सीट पs मतदान होई। चुनाव के नतीजा चार जून के घोषित कs दिहल जाई। एही बीच पीएम नरेंद्र मोदी आजु पूर्वी यूपी के दौरा करे जा रहल बाड़े। बता दीं कि आज यूपी के 14 गो लोकसभा सीट पs 25 मई के मतदान होखी.

लोकसभा चुनाव 2024 के छठवाँ चरण खातिर मतदान शुरू हो गइल. आजु 8 गो राज्य आ केन्द्रीय क्षेत्र के 58 गो संसदीय क्षेत्रन खातिर मतदान हो रहल बा.

हरियाणा के सीएम रहल आ कांग्रेस नेता भूपिंदर सिंह हुड्डा कहले कि, हम हरियाणा के जनता से अपील करतानी कि उs लोग अपना मतदान अवुरी मतदान के अधिकार के इस्तेमाल बड़ संख्या में करस।

नई दिल्ली लोकसभा सीट से भाजपा प्रत्याशी बांसुरी स्वराज झांडेवालन माता मंदिर में प्रार्थना कइले। लोकसभा चुनाव के छठवाँ चरण में दिल्ली के सगरी 7 संसदीय क्षेत्र में वोट डालल जाई.

मतदान केंद्र पs मॉक पोलिंग

दिल्ली के लोधी एस्टेट में पोलिंग बूथ पs मॉक पोलिंग करावल जा रहल बा. लोकसभा चुनाव के छठवाँ चरण में दिल्ली के सगरी 7 संसदीय क्षेत्र में वोट डालल जाई.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.