Patna To Delhi Train: पटना से नई दिल्ली खातिर चली स्पेशल ट्रेन, ई स्टेशनन से होके गुजरी; पढ़ी टाइम टेबल

Share

Patna Delhi Train: पटना से नई दिल्ली के बीच स्पेशल ट्रेन शुक के रवाना होई। ई ट्रेन पटना से चलत आरा बक्सर डीडीयू के रास्ते अगिला दिने नई दिल्ली पहुंची। एकरा से यात्रियन के दिल्ली जाए में काफी सुविधा हो सकत बा। दिल्ली जाए वाला यात्रियन के भीड़ के नियंत्रित करे खातिर रेलवे के ओर से पहल कइल गइल बा।

Patna To Delhi Train पूर्व मध्य रेलवे के पहल पs तीन मई माने की शुक के पटना से नई दिल्ली के खातिर अनारक्षित स्पेशल ट्रेन 21.30 बजे रवाना कइल जाई।

ई ट्रेन पटना से प्रस्थान कऽ के आरा, बक्सर, डीडीयू के रास्ते अगिला दिने नई दिल्ली पहुंची। एकरा से यात्रियन के दिल्ली जाए में काफी सुविधा हो सकत बा। दिल्ली जाए वाला यात्रियन के भीड़ के नियंत्रित करे खातिर  रेलवे के ओर से पहल कइल गइल बा।

पटना-मोकामा आ किउल-गया पैसेंजर ट्रेन के समय में बदलाव

रेलवे के ओर से पटना-मोकामा पैसेंजर स्पेशल ट्रेन के समय में बदलाव कइल गइल बा। ई ट्रेन छव मई से बख्तियारपुर में 6.33 में पहुंची आ उहाँ से 6.35 में प्रस्थान करी। इहे ट्रेन 7.23 बजे मोर स्टेशन पहुंची जवन 7.24 बजे स्टेशन से प्रस्थान कर जाई।

उहे, किउल-गया पैसेंजर स्पेशल ट्रेन छव मई से किउल से 20.15 बजे के बजाय अब 20.30 बजे खुली। ई ट्रेन 21.49 बजे वारिसलीगंज पहुंची आ 21.51 बजे उहाँ से आगे खातिर प्रस्थान करी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-