पटना। नीट-यूजी के तइयारी करे वाली जहानाबाद के छात्रा के मौत ममिला में पटना के चित्रगुप्त नगर इस्थित शंभू हॉस्टल के संचालक पs कड़ा कार्रवाई होई। हॉस्टल के लाइसेंस रद्द कइल जाई आ राजधानी पटना में दुबारा कवनो ब्रांच खोले के इजाजत ना मिली।
डीजीपी विनय कुमार बतवलें कि हॉस्टल प्रशासन पुलिस के समय पs जानकारी ना देलस। हॉस्टल प्रशासन के जिम्मेदारी बा कि छोट से छोट घटना होखे तबो थाना के सूचना देवे के चाहीं। नीट छात्रा के ममिला में पुलिस के खबर देवे में भारी लापरवाही भइल आ बहुते देरी हो गइल, एही चलते हॉस्टल चलावे के लाइसेंस रद्द कइल जाई। पुलिस ई सुनिश्चित करी कि हॉस्टल संचालिका अब पटना में कवनो हॉस्टल ना चला सके।
पीड़िता के गांव से बेटी बचाओ न्याय यात्रा
ओहिजा, पीड़ित परिवार के न्याय दिलावे के मांग पs बुध के पीड़िता के गांव से “बेटी बचाओ न्याय यात्रा” सुरू भइल। एकर नेतृत्व घोसी विधानसभा क्षेत्र के पूर्व विधायक रामबली यादव कइलें।
रामबली यादव कहलें कि ई यात्रा अरवल, जहानाबाद, नालंदा आ औरंगाबाद होत 10 फरवरी के पटना पहुंची आ विधानसभा के दरवाजा पs खत्म होई। ऊ कहलें कि बिहार में बेटियन आ महिला लोगन के संगे जघन्य अपराध लगातार सामने आ रहल बा।
एगो आउर नीट छात्रा के संदिग्ध मौत
एह घटना के विरोध आ पीड़ित परिवारन के न्याय दिलावे खातिर ई न्याय यात्रा निकालल जा रहल बा। नीट छात्रा के मौत के घटना पूरा बिहार के झकझोर देलस। एकरा पहिले पटना के एगो आउर हॉस्टल में एगो नीट छात्रा के संदिग्ध हालात में मौत भइल रहे, जवना पs ओकर स्वजन कइयन तरे के आशंका जता रहल बा लोग। ई दुनो घटनन से राज्य में महिला लोगन के सुरक्षा बेवस्था पs गंभीर सवाल खड़ा हो गइल बा।
महिला आ किशोरियन के खिलाफ बढ़त अपराध
पुलिस दुनो ममिला के आत्महत्या बता रहल बिया, बाकिर पीड़ित परिवार निष्पक्ष आ स्वतंत्र जांच के मांग कs रहल बा। बिहार के कइयन गो जिलन में महिलन आ किशोरियन के खिलाफ अपराध तेजी से बढ़ रहल बा। चुनाव में कइल वादा के बादो सरकार बेटियन के सुरक्षा के लेके गंभीर नइखे बिया।








