एह तरे होई पटना से वाराणसी के रूट
बिहार के बक्सर जिले में NH 319 A पर चौसा – बक्सर (पैकेज 2) 4-लेन बाईपास के निर्माण के लिए ईपीसी मोड के तहत 1060.16 करोड़ रुपए की लागत के साथ स्वीकृति दी गई है। #PragatiKaHighway #GatiShakti
— Nitin Gadkari (@nitin_gadkari) September 14, 2022
1060 करोड़ के लागत से बनी रोड
बक्सर से चौसा जाये वाला सड़क के चार लेन बनावे खातिर मंजूरी मिल गइल बा। एह सड़क के बन गइला से लोगन के बहुते सहूलियत मिली। केंद्रीय मंत्री अश्विनी चौबे कहले कि एह सड़क के स्वीकृति के लेके बहुते समय से कोसिस चलत रहे। चौसा – बक्सर (पैकेज 2) 4-लेन बाईपास के निर्माण खातिर 1060.16 करोड़ रुपिया के स्वीकृति मिलल बा।
ग्रीनफील्ड हाइवे होई नया फोरलेन सड़क
केंद्रीय मंत्री चौबे कहले कि बिहार खातिर ई बड़ उपलब्धि बा। ई ग्रीनफील्ड कनेक्टिविटी मार्ग, पूर्वांचल एक्सप्रेस वे आ बक्सर – वाराणसी ग्रीनफील्ड मार्ग के जोड़ी। बक्सर से वाराणसी होत दिल्ली आवे-जाये में सहूलियत होई। पटना से बक्सर फोरलेन सड़क के काम 90 फीसदी पूरा हो गइल बा। दिसंबर तक ई चालू हो जाई।