JAP प्रमुख पप्पू यादव अतवार के रात में नेपाली नगर में आपन डेरा डाल देले रहस। स्थानीय लोग उनकर एक स्वर में समर्थन कइल। पप्पू यादव सोमार के सबरे कर्पूरी संस्थान के लगे लोगन से जुटे के आह्वान कइले बाड़े। उनका अगुवाई में पुलिस-प्रशासन के खिलाफ धरना-प्रदर्शन आ चक्काजाम कइल जा सकत बा। टकराव के रोके खातिर पुलिस पप्पू यादव के हाउस अरेस्ट कs सकत बिया।
फिलहाल राजीव नगर से आवास बोर्ड के जमीन पs अवैध कब्जा हटावे खातिर पुलिस आ प्रशासन आरपार के मूड में नजर आ रहल बा। अतवार के करीब दु हजार पुलिसकर्मियन के मवजूदगी में डेढ़ दर्जन से जादे जेसीबी बुलडोजर से कइयन मकानन के ध्वस्त कइल गइल। एह दौरान पुलिस आ स्थानीय लोगन के बीचे हिंसक झड़प भइल।
लोग पुलिस टीम पs पथराव, आगजनी आ लाठी-डंडन से हमला कइल। जवाब में पुलिस कावर से लाठीचार्ज कइल गइल आ आंसू गैस के गोला छोड़ल गइल। एह झड़प में पटना सिटी एसपी समेत कइयन पुलिसकर्मी घायल हो गइल लो, जबकि कुछ स्थानीय लोगन के चोट पहुंचल। पुलिस उपद्रव फइलावे के आरोप में 25 से जादे लोगन के गिरफ्तार कइलें बिया। पुलिस के कहनाम बा कि उपद्रव के पीछे भूमाफिया के हाथ बा।
साभार: हिंदुस्तान