Patna: सड़क हादसा में 2 के मौत, 3 घायल

Patna: सड़क हादसा में 2 के मौत, 3 घायल

Share

पटना। पालीगंज में सड़क हादसा में रेलवे कर्मचारी राकेश कुमार आ रितेश कुमार के मौत हो गइल, जबकि तीन आउर लोग लव कुमार, नीतीश कुमार आ रवीश कुमार गंभीर रूप से घायल हो गइलें। घटना सनीचर देर रात के बा, जहां पालीगंज थाना क्षेत्र के बीबीपुर गांव में कार अनियंत्रित होके सड़क किनारे रखल ईंटा के ढेर से टकरा गइल।

मृतक राकेश कुमार पिछला 10 बरिसन से मुगलसराय में रेलवे ग्रुप-डी कर्मचारी के रूप में कार्यरत रहे। ऊ तीन दिन पहिलही छुट्टी पs घरे आइल रहे आ सनीचर के रात ड्यूटी ज्वाइन करे जात रहे। ओकर चार दोस्त ओकरा के दानापुर रेलवे स्टेशन छोड़े जात रहे लो। हादसा में राकेश के मवके पs मौत हो गइल, जबकि चार घायलन के पालीगंज प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र ले जाइल गइल।

चारो के गंभीर हालत में PMCH रेफर कइल गइन, बाकिर परिजन ओह लोगन के एगो निजी क्लिनिक ले गइल। अतवार के सबेरे इलाज के दौरान रितेश कुमार दम तुड़ देलें। फिलहाल तीन घायलन के इलाज जारी बा। मृतक राकेश कुमार के भाई भोला यादव बतवलें कि घटना के सूचना रात में मिलल, जवना के बाद ऊ मवका पs पहुंचले आ अपनाने भाई के मृत पवले।

इलाज के दौरान रितेश कुमार के गइल जान

एह ममिला में पालीगंज थानाध्यक्ष राजेश कुमार बतवलें कि सनीचर के देर रात बीबीपुर गांव में एगो कार सड़क किनारे रखल ईंटा से टकरा गइल। घटना के सूचना पs पुलिस मवका पs पहुंचल तs महाबलीपुर निवासी विश्वनाथ यादव के बेटा राकेश कुमार के घटनास्थल पs मौत हो चुकल रहे।

ओहिजा, महाबलीपुर के स्व. सत्यनारायण सिंह के बेटा रितेश कुमार, स्व. अरविंद तिवारी के बेटा लव कुमार, जयनाथ तिवारी के बेटा नीतीश कुमार आ सरसी निवासी सियाराम सिंह के बेटा रवीश कुमार गंभीर रूप से घायल रहे लो। आनन-फानन में सभे के पालीगंज प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र ले आवल गइल, जहां डॉ. अजीत कुमार सभे के गंभीर इस्थिति के देखत PMCH रेफर कs देलें बाड़ें।

थानाध्यक्ष बतवलें कि पटना में निजी अस्पताल में इलाजरत महाबलीपुर निवासी जुवक रितेश कुमार के मौत हो गइल बा। ओहिजा, राकेश कुमार के शव के पालीगंज अनुमंडल अस्पताल में पोस्टमार्टम कराके परिजनन के सउप दिहल गइल बा।

Read Also: 43 इंच तक स्क्रीन वाली Best Smart TV के कीमत 15,000 रुपिया से बा कम, 32 आ 40 इंच स्क्रीन साइजो में उपलब्ध

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-