Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मरीजन के अब मोबाइल पर मिली सेहत के कुंडली, 22 मेडिकल कालेजन में शुरू भइल एचएमआईएस सेवा

310

मेडिकल कॉलेजन मे भर्ती होखे वाले मरीजन के अब मोबाइल पs अपने सेहत के कुंडली मिल सकी। एहसे मरीज के लग्गे जांच रिपोर्ट नइखे तब्बो ओपीडी में डॉक्टर ऑनलाइन रिपोर्ट देख लीहें। ऊ एक क्लिक पर संबंधित मरीज के पूरा केस हिस्ट्री जान सकिहें। अब ले ई व्यवस्था एसजीपीजीआई, केजीएमयू, लोहिया संस्थान सहित 12 मेडिकल कॉलेजन में शुरू हो गइल बा। अब 22 अन्य मेडिकल कॉलेजन में भी ई सुविधा शुरू कs दीहल गइल बा।

अस्पताल में तैयार होई डाटा

एह व्यवस्था से सब मरीजन के पुख्ता डाटा तैयार हो सकी। एहसे शोध करे, संसाधन के विकास, व्यवस्था के निगरानी, भविष्य के योजना बनावे में आसानी होई। एंबुलेंस, बेड एलॉटमेंट, भोजन आदि के रिकार्ड भी एह पर रही। एसे काम में पारदर्शिता लावल जा सकी।

मरीजन के ई होई फायदा

मरीजन के ऑनलाइन पंजीयन, भुगतान, प्रिस्क्रिप्शन, लैब रिपोर्ट, फार्मेसी पर्ची, ओपीडी कार्ड, एडमिशन टिकट, डिस्चार्ज समरी मोबाइल पर मिल सकी। ऊ डॉक्टर के उपलब्धता, विशेष क्लीनिक के समय अउर ब्लड बैंक आदि के जानकारी आसानी से ले पइहें। सॉफ्टवेयर से रोगी के आधार, आयुष्मान भारत हेल्थ अकाउंट भी जोड़ल जाई। उहवें मरीजन के अस्पताल में उपलब्ध दवाई आसानी से लिख सकेने। दवाई के एक्सपायरी सूची भी देखल जा सकी।

एह कॉलेजन में शुरू भइल व्यवस्था

एसएसपीजीआईसीएच नोएडा, स्वशासी मेडिकल कॉलेज एटा, फतेहपुर, प्रतापगढ़, मिर्जापुर, हरदोई, बस्ती, सिद्धार्थनगर, शाहजहांपुर, अयोध्या, बहराइच, देवरिया, गाजीपुर, फिरोजाबाद, अंबेडकरनगर, आजमगढ़, बदायूं, बांदा, जौनपुर, कन्नौज, जालौन अउर रिम्स सैफई में एकर शुरुआत कइल गइल बा।

421600cookie-checkमरीजन के अब मोबाइल पर मिली सेहत के कुंडली, 22 मेडिकल कालेजन में शुरू भइल एचएमआईएस सेवा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.