IND vs AUS: पैट कमिंस भारत आ न्यूजीलैंड के खिलाफ सीमित ओवरन के सीरीज से बाहर, ई खिलाड़ी बन सकेला कप्तान

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। क्रिकेट ऑस्ट्रेलिया मंगर के सबेरे घोषणा कइलस कि ओकर टेस्ट आ वनडे कप्तान पैट कमिंस भारत आ न्यूजीलैंड के खिलाफ आवे वाला सीमित ओवरन के सीरीज में हिस्सा ना लिहें। बोर्ड एह निर्णय के कारण उनकर पूरा तरे से फिटनेस पs ध्यान दिहल बतवलस, ताकि उ आवे वाला एशेज सीरीज खातिर तइयार हो सकस।

बोर्ड के आधिकारिक घोषणा में कहल गइल, ‘कमिंस के भारत आ न्यूजीलैंड के खिलाफ आवे वाला सीमित ओवरन के सीरीज खातिर चयन में सामिल ना कइल जाई। उ अपना रिहैबिलिटेशन योजना पs ध्यान दिहें आ गेंदबाजी में वापसी के समय एशेज के तइयारी के ध्यान में रखत तय कइल जाई।

पीठ में तनाव से जूझत बाड़ें कमिंस

कमिंस के टीम में ना होखल ऑस्ट्रेलिया खातिर झटका हो सकत बा। हाले में कइल गइल स्कैन में उनका पीठ के निचिला हिस्सन में हड्डियन में तनाव पावल गइल बा। हालांकि, एकरा के स्ट्रेस फ्रैक्चर नइखे बतावल गइल बा। ई चोट चिंताजनक बा काहेकि उनकर वनडे आ टी20 में शारीरिक भार पहिलही बहुते बढ़ चुकल बा। क्रिकेट ऑस्ट्रेलिया पहिलही ऊ वेस्टइंडीज आ दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ सीरीज से आराम दिहल गइल रहे। बाकिर पिछलका टेस्ट दौरा के बाद उनका पीठ में दरद बनल रहल आ अब ओकर गंभीरता सामने आइल बा।

एशेज के तइयारी में चिंता

एशेज सीरीज के सुरुआत 21 नवंबर, 2025 के पर्थ से होखे के बा। चयन समिति प्रमुख जॉर्ज बेली कहलें कि बोर्ड कमिंस के तइयारी के लेके आशावादी बा, बाकिर ई स्पष्ट नइखे कि उ पहिला टेस्ट तक वापसी कs पइहें कि ना।

कप्तानी आ गेंदबाजी के जिम्मेदारी केकरा कान्ह पs?

कमिंस के गैरमौजूदगी में भारत में सीमित ओवरन के कप्तानी मिचेल मार्श के हाथ में रहे के संभावना बा। ओहिजा, तेज गेंदबाजी आक्रमण के नेतृत्व बेन ड्वारशुइस, जोश हेजलवुड आ शॉन एबॉट कs सकत बा लो। एह खिलाड़ियन पs जिम्मेदारी होई कि ऊ भारत आ न्यूजीलैंड जइसन मजबूत विरोधियन के खिलाफ ऑस्ट्रेलिया के लय बनवले राखे लो। मिचेल स्टार्क मंगर के टी20 अंतरराष्ट्रीय से संन्यास लेलें, बाकिर ऊ भारत के खिलाफ तीन मैचन के वनडे सीरीज में खेल सकत बाड़ें।

भारत खातिर रणनीतिक फायदा

कमिंस के अनुपस्थिति भारत खातिर बड़ फायदा साबित हो सकत बा, काहेकि एह सीरीज में रोहित शर्मा आ विराट कोहली अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में वापसी करत दिखी लो। एक प्रमुख तेज गेंदबाज के ना होखला से भारतीय बल्लेबाजन के मनोबल के बढ़ावा मिली। विशेषज्ञन के माने के बा कि एशेज से पहिले ऑस्ट्रेलिया कमिंस के कवनो तरे के जोखिम नइखे दिहल चाहत आ इहे वजह बा कि उनका के भारत आ न्यूजीलैंड के खिलाफ सीरीज से बाहर रखल गइल बा।

ऑस्ट्रेलिया के न्यूजीलैंड दौरा, 2025

तारीख मैच स्थान समय (भारतीय समय)
01 अक्तूबर पहिला T20I माउंट मंगानुई सबेरे 11:45 बजे
03 अक्तूबर दूसरका T20I माउंट मंगानुई सबेरे 11:45 बजे
04 अक्तूबर तीसरका T20I माउंट मंगानुई सबेरे 11:45 बजे

भारत का ऑस्ट्रेलिया दौरा, 2025

तारीख मैच स्थान समय (भारतीय समय)
19 अक्तूबर पहिला वनडे पर्थ सबेरे 9:00 बजे
23 अक्तूबर दूसरका वनडे एडिलेड सबेरे 9:00 बजे
25 अक्तूबर तीसरका वनडे सिडनी सबेरे 9:00 बजे
29 अक्तूबर पहिला T20I कैनबरा दुपहरिया 1:45 बजे
31 अक्तूबर दूसरका T20I मेलबर्न दुपहरिया1:45 बजे
02 नवंबर तीसरका T20I होबार्ट दुपहरिया 1:45 बजे
06 नवंबर चउथा T20I गोल्ड कोस्ट दुपहरिया 1:45 बजे
08 नवंबर पांचवां T20I ब्रिस्बेन दुपहरिया 1:45 बजे

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-