[the_ad_group id="30365"]

Rashid Khan T20I क्रिकेट में बना देलें वर्ल्‍ड रिकॉर्ड, अफगानी गेंदबाज एह मामला में बनलें टॉपर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्‍पोर्ट्स डेस्‍क। अफगानिस्‍तान के कप्‍तान राशिद खान टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में वर्ल्‍ड रिकॉर्ड बना देलें। राशिद खान सोमार के यूएई के खिलाफ तीन विकेट लेके इतिहास रच देलें।

राशिद खान टी20 इंटरनेशनल प्रारूप में सबसे जादे विकेट लेवे वाला गेंदबाज बन गइलें। ऊ एह ममिला में तेज किवी गेंदबाज टिम साउथी के पीछे छोड़ देलें। खान अपना 98वां टी20 इंटरनेशनल मैच में 165 विकेट लेके साउथी के पीछे छोड़ देलें।

T20I में सबसे जादे विकेट लेवे वाला गेंदबाज

165 – राशिद खान (अफगानिस्‍तान)
164 – टिम साउथी (न्‍यूजीलैंड)
150 – ईश सोढ़ी (न्‍यूजीलैंड)
149 – शाकिब अल हसन (बांग्‍लादेश)
142 – मुस्‍ताफिजुर रहमान (बांग्‍लादेश)

राशिद खान के घातक गेंदबाजी

बता दीं कि राशिद खान यूएई के खिलाफ 4 ओवर के अपना कोटा में खाली 21 रन देके तीन विकेट झटकलें। खान के तबाही मचावे के सिलसिला पारी के 9वां ओवर में सुरू भइल जब ऊ एथन डीसूजा के एलबीडब्‍ल्‍यू आउट कइलें।

अपना अगिला ओवर में राशिद आसिफ खान के क्‍लीन बोल्‍ड कइलें। एकरा बाद पारी के 15वां ओवर में अफगानी लेग स्पिनर ध्रुव पाराशर के स्‍थानापन्‍न मोहम्‍मद इशाक के हाथे कैच आउट करा के वर्ल्‍ड रिकॉर्ड स्‍थापित कइलें।

शराफुद्दीन के मिलल साथ

राशिद खान के बायां हाथ के स्पिनर शराफुद्दीन अशरफ के बखूबी साथ मिलल, जे यूएई के खिलाफ 4 ओवर में 24 रन देके तीन विकेट झटकलें। शराफु्द्दीन यूएई के कप्‍तान मोहम्‍मद वसीम (67) आ सागिर खान आउर हैदर अली के आपन शिकार बनवलें।

ई दुनो गेंदबाजन के सानदार प्रदर्शन के मदद से अफगानिस्‍तान यूएई के 38 रन से मात देलस। बता दीं कि शारजाह में खेलल गइल मुकाबला में अफगानिस्‍तान पहिले बल्‍लेबाजी कs के 20 ओवर में 4 विकेट खोके 188 रन बनवले रहे। जवाब में यूएई के टीम 20 ओवर में 8 विकेट खोके 150 रन बना सकल।

Read Also: Surya Aur Chandra Grahan : सितंबर में लागी सूर्य आ चंद्र ग्रहण, जानीं भारत में का रही एकर प्रभाव?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]