Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Parliament Session 2024: राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू प्रोटेम स्पीकर भर्तृहरी महताब के शपथ दिलवली

256
Google Ads 300*250 for posts

18वीं लोकसभा, सरकार आ विपक्ष के आमने-सामने प्रोटेम स्पीकर बनले भर्तृहरि महताब

संसद सत्र 2024 : राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू सोमार के दिने राष्ट्रपति भवन में आयोजित एगो समारोह में भारतीय जनता पार्टी के वरिष्ठ सांसद भर्तृहरी महताब के प्रोटेम स्पीकर के शपथ दिहलवली । एह शपथ ग्रहण समारोह में प्रधानमंत्री मोदी, उपराष्ट्रपति आ राज्यसभा अध्यक्ष जगदीप धनखर, संसदीय कार्यमंत्री किरेन रिजिजू समेत अउरी कई गो मंत्री मौजूद रहले ।

18वां संसद सत्र 2024 : अठारहवीं लोकसभा के पहिला सत्र आज माने सोमार (24 जून) से शुरू हो रहल बा। नवनिर्वाचित सदस्यन के 24 आ 25 जून के शपथ लिहल जाई । एकरा बाद 26 जून के लोकसभा अध्यक्ष के चुनाव होई आ 27 जून के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू दुनो सदन के संयुक्त बैठक के संबोधित करीहे। 18वीं लोकसभा के पहिला सत्र से पहिले राष्ट्रीय लोकतांत्रिक गठबंधन सरकार आ विपक्षी गठबंधन आई.एन.डी.आई.ए. प्रोटेम स्पीकर (अस्थायी स्पीकर) के मुद्दा पs विवाद तेज हो गइल बा। भारतीय जनता पार्टी के नेता आ 7 बेर के सांसद भरतरुहरी महताब के संसद के निचला सदन के अस्थायी अध्यक्ष (प्रोटेम स्पीकर) बनावल गइल बा ।

सोमवार के सबेरे भर्तृहरी महताब 18वीं लोकसभा के प्रोटेम स्पीकर के शपथ लेले। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू उनका के राष्ट्रपति भवन में शपथ दिलवली। महताब कुछ समय बाद संसद भवन चहुँप जइहें आ सबेरे एगारह बजे से लोकसभा के कार्यवाही शुरू कर दीहें । प्रोटेम स्पीकर एगो अस्थायी पद हs आ सदन एह पद खातिर सबसे वरिष्ठ सांसदन में से एगो के चुनेला । प्रोटेम स्पीकर के प्राथमिक भूमिका नयका सदस्यन के पद के शपथ देबे के होला।

सरकार आ विपक्ष आमने सामने 

विपक्ष महताब के अस्थायी सभापति बनावे के कड़ा आलोचना करत आरोप लगवले बा कि सरकार कांग्रेस के सांसद सुरेश के दावा के अनदेखी कइले बा। संसदीय कार्यमंत्री किरेन रिजिजू कहले बाड़न कि महताब सात बेर के लोकसभा सदस्य हउवें जवना चलते ऊ एह पद खातिर उपयुक्त बाड़न । ऊ कहले कि 1998 आ 2004 के चुनाव में सुरेश हार गइल रहले, जवना के चलते उनकर वर्तमान कार्यकाल निचला सदन में उनकर लगातार चउथा कार्यकाल बा। एकरा से पहिले ऊ 1989, 1991, 1996 अवुरी 1999 में लोकसभा खातीर चुनल गइल रहले।

871200cookie-checkParliament Session 2024: राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू प्रोटेम स्पीकर भर्तृहरी महताब के शपथ दिलवली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.