नई दिल्ली। संसद भवन के सुरक्षा में एक बेर फेर बड़ चूक (Parliament Security Breach) भइल बा। एगो व्यक्ति पेड़ के सहारे देवाल कूद के सबेरे लगभग 6:30 बजे संसद भवन में घुस गइल। उ रेलभवन के तरफ से देवाल कूदके नया संसद भवन के गरुड़ द्वार तक पहुंच गइल रहे। संसद भवन में मवजूद सुरक्षाकर्मी आरोपी पकड़ लेले बा लोग आ उ पूछताछ कइल जा रहल बा। समाचार एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, दिल्ली पुलिस के एगो अधिकारी ममिला के पुष्टि कइले बाड़ें।
अगस्त 2024 में सामने आइल रहे अइसने घटना
अगस्त 2024 में देस के नया संसद भवन के सुरक्षा में चूक के ममिला सामने आइल रहे। रेड क्रॉस रोड के तरफ से एगो जुवक देवाल फान के संसद भवन के परिसर में कूद गइल रहे। हालांकि, संसद भवन में घुसे से पहिलही सुरक्षा में तैनात जवान ओकरा के पकड़ लेले रहे। सुरुआती जांच के बाद इम्तियाज अली नाम के जुवक के मानसिक रूप से कमजोर बतावल जात रहे। दिल्ली पुलिस आ खुफिया विभाग सहित देस के सब सुरक्षा एजेंसी जुवक से संयुक्त रूप से पूछताछ कइले रहे। संसद के सुरक्षा में चूक के एह ममिला के बाद दिल्ली पुलिस सहित देस के सुरक्षा एजेंसियन में अफरा-तफरी मच गइल रहे।
दिसंबर 2023 में सुरक्षा में चूक के सामने आइल रहे ममिला
दिसंबर 2023 में संसद भवन के सुरक्षा में बड़ चूक देखे के मिलल रहे। सुरक्षा घेरा तुड़के लोकसभा में विजिटर गैलरी से दुगो संदिग्ध कूद पड़ल रहे लोग। संसद के कार्यवाही के दौरान दुनो शख्स बेंच पs चढ़के कूदे लागल। जवना के बाद उहां अफरा-तफरी के माहौल बन गइल। आनन-फानन में सुरक्षाकर्मी दउड़लें आ दुनो आरोपियन के पकड़ लिहल गइल रहे। सांसद दुनो शख्स के घेर लेले रहे लोग। लोकसभा के सुरक्षा में लागल मार्शल तुरंत दउड़के आइल रहे लोग आ दुनो के काबू में लिहल गइल रहे।
Read Also : Elvish Yadav : एल्विश यादव के घर पs फायरिंग करे वाला आरोपी मुठभेड़ के बाद धराइल, गोड़ में लागल गोली