पंचायत सीजन 3 में होई अइसन घटना दर्शक छोड़ नाही पाई सीरीज, फुलेरा के सचिवजी से विकास ले सब कइले बा जोरदार तइयारी

Share

 

ओटीटी प्लेटफार्म पs वेब सीरीज देखे वाला लोग बेसब्री से हर नया वेब सीरीज आ शो के इंतजार करेला आ जब बात अमेजन प्राइम वीडियो के ‘पंचायत’ वेब सीरीज के होखे तs उत्साह के स्तर अपने आप बढ़ जाला. तs आईं रउरा सभे के बता दीं कि फुलेरा गाँव के पंचायत आ सचिव के बेसब्री से इंतजार करे वाला लोग खातिर पंचायत के तीसरा सीजन 28 मई के अमेजन प्राइम पs आवे वाला बा. एही से फुलेरा गाँव के हँसी के पूरा डोज मिले जा रहल बा। सचिवजी से लेके विकास ले एक बेर फेरु से दर्शकन के फुल ऑन एंटरटेनमेंट देबे खातिर आ रहल बाड़े. एही बीच विकास के किरदार निभावे वाला चंदन राय कहले कि पंचायत 3 अजीब-अजीब घटना से भरल बा, जवना के देख के आपके हंसी पs काबू ना हो पाई।

पंचायत सीजन 3 आ रहल बा कॉमेडी के ट्रिपल डोज के साथ

पंचायत 3 में विकास के किरदार निभावे वाला अभिनेता चंदन राय हाल ही में एगो साक्षात्कार के दौरान कहले कि पंचायत के तीसरा सीजन हास्यास्पद अवुरी हंसी-मजाक के घटना से भरल बा। बता दीं कि एह वेब सीरीज में चंदन सचिव अभिषेक त्रिपाठी के कार्यालय में सहायक के भूमिका निभावत बाड़न. उनकर अभिनय आ कॉमिक टाइम गजब के बा आ उनुका के परदा पs देखल दर्शकन खातिर भी बहुते एंटरटेनिंग होला.

पंचायत सीजन 3 में पुरान कलाकारन के साथ नया कलाकारन के लाइन अप

पंचायत वेब सीरीज में जितेंद्र कुमार, नीना गुप्ता, रघुवीर यादव, चंदन रॉय, फैसल मलिक आ संविका एक बेर फेरू मुख्य भूमिका में नजर अइहें. साथही कुछ नया कलाकारन के भी प्रवेश होखे वाला बा, जे दर्शकन के गुदगुदी करे वाला बा. आईं बताईं कि पंचायत वेब सीरीज के निर्देशन दीपक कुमार मिश्रा कइले बाड़न आ एकर कहानी अभिषेक त्रिपाठी यानी जितेन्द्र कुमार के इर्द-गिर्द घूमत बा जे इंजीनियरिंग से स्नातक हउवें आ उत्तर प्रदेश के फुलेरा गाँव के पंचायत कार्यालय में सचिव के पद पs नियुक्ति भइल बा.

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-