झारखंड: पलामू के तरहसी में तीन घंटा ले बंधक बनले मतदानकर्मी, लाठीचार्ज आ पत्थरबाजी के दौर चलल

Anurag Ranjan

Palamu : जिला के तरहसी प्रखंड के सुदूरवर्ती कसमार में पंचायत चुनाव के मतदान के बाद 124 नंबर मतदान केंद्र के तीन गो बैलेट बॉक्स निजी कार से कथित तौर पs वज्रगृह ले गइला पs जमके हंगामा भइल। तीन घंटा ले मतदानकर्मी बंधक बनल रहल लो। मवका पs ग्रामीणन के एक हजार ले भीड़ जुटल रहल आ डीसी के मवका पs बोलावे पs अड़ल रहल। तरहसी के बीडीओ सचिदानंद महतो, थाना प्रभारी कर्मपाल भगत, पांकी के थाना प्रभारी, कसमार पिकेट प्रभारी ग्रामीण लोग के समझावे के कोसिस कइल। बीडीओ के लिखित आश्वासन पs लोग मानल।

का बा ममिला?

दरअसल, तरहसी के नवगढा पंचायत के वार्ड नंबर 10 इस्थित मतदान केन्द्र संख्या 124 पs दुपहर तीन बजे के बाद जब मतदान समाप्त भइल तs उहां के प्रजाइडिंग ऑफिसर संबंधित तीन बैलेट बॉक्स के मेदिनीनगर वज्रगृह में जमा करे के जानकारी देके निजी स्वीफ्ट डिजायर कार से निकल गइले। प्रजाइडिंग ऑफिसर के कार से बैलेट बॉक्स ले जात देख ग्रामीण लो उनकर पीछा कइल, बाकिर स्पीड में कार निकल गइल।

घटना के बाद ग्रामीण उग्र हो गइल लो आ प्रदर्शन करे लागल लो। बीजेपी के पूर्व मंडल अध्यक्ष प्रवीण सिंह, रिंकू सिंह, निवर्तमान मुखिया रजनी सिंह, पाइनियर पांडेय सहित आउर लोग प्रदर्शन करत कसमार कलस्टर पs पहुंच गइल। इहां मतदानकर्मियन के लेके निकल रहल बस के ग्रामीण रोक दिहल लो आ सभे के बंधक बना लिहल। ग्रामीण चुनाव आयोग से 124 नंबर बूथ पs पुनर्मतदान के मांग पs अड़ गइल लो। संगही प्रजाइडिंग ऑफिसर पs कार्रवाई आ कार से बैलेट बॉक्स ले जाये में शामिल आरोपियन पs कार्रवाई के मांग कइल लो।

तनी देर बाद तरहसी के निर्वाची पदाधिकारी सह बीडीओ सचिदानंद महतो थाना प्रभारी के संगे मवका पs पहुंचले आ चुनाव आयोग से संबंधित मतदान केन्द्र पs रिपोलिंग करावे, प्रजाइडिंग ऑफिसर पs तत्काल कार्रवाई करे आ जांच के दौरान दोषी पावल गइला पs बैलेट बॉक्स ले जाये वालन पs कार्रवाई के लिखित आश्वासन देले, बाकिर लोग डीसी के मवका पs बोलावे के मांग पs अड़ गइल। एह दौरान हंगामा कइला पs लाठीचार्ज कइल गइल। प्रशासन कावर से लाठीचार्ज कइला पs स्थानीय लोग ईंटा पत्थर चलावे लागल। एहसे कुछ देर ले मवका पs से अफरा तफरी मच गइल। ईंटा पत्थर लगला से एगो पदाधिकारी के जख्मी होखे के सूचना बा। मवका पs करीब तीन घंटा ले मान मनव्वल के दौर चलल। अंततः लोग मानल आ मतदानकर्मी कलस्टर से वज्रगृह ला रवाना भइल लो।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।