Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में करोड़न के घोटाला, डीएम बीडीओ आ दु गो जेई समेत चार पs दर्ज करवले मुकदमा

गोरखपुर के सहजनवां तहसील में बिना काम करवले करोड़न रुपिया के भुगतान के ममिला सोझा आइल बा। श‍िकायत सही पावल गइला पs डीएम व‍िजय क‍िरण आनंद एगो बीडीओ आ दु गो जेई समेत सात लोग पs मुकदमा दर्ज करे के आदेश देले बाड़े।

174

गोरखपुर।  बिना काम करवले करोड़न रुपिया के भुगतान हो गइला के ममिला में सहजनवा के पूर्व खंड विकास अधिकारी दुर्योधन, ग्रामीण अभियंत्रण विभाग के अवर अभियंता सुबोध कुमार तिवारी, लघु सिंचाई के अवर अभियंता अजय कुमार आ लेखाकार राघवेंद्र पाठक पs  एफआइआर दर्ज करावल जाई।

जिलाधिकारी विजय किरन आनंद के निरदेस के बाद मुख्य विकास अधिकारी इंद्रजीत सिंह एफआइआर ला पुलिस विभाग के लिखले बाड़े। एफआइआर दर्ज करवला के बाद जिलाधिकारी एह ममिला में विस्तृत जांच के निरदेस देले बाड़े।

शिकायत पs तीन सदस्यीय टीम से करावल गइल जांच में भइल अनियमितता के पुष्टि 

जिलाधिकारी आ मुख्य विकास अधिकारी एक अप्रिल 2022 के सहजनवा ब्लाक के सभाकक्ष में सहजनवा, पाली आ पिपरौली ब्लाक में करावल गइल विकास के कामन के समीक्षा कइले रहस। ओहि दौरान क्षेत्र पंचायत सदस्य के प्रतिनिधि आ विशुनपुरा के निवासी मनोज कुमार दुबे आ गांव ग्राम वसिया के रहनिहार धनंजय सिंह जिलाधिकारी से अनियमितता के शिकायत कइले रहस। दुनो शिकायतकर्ता बतवले रहे लो कि सहजनवा ब्लाक में बीडीओ, जेई आ जनप्रतिनिधि द्वारा बिना काम करवले करोड़न रुपिया के भुगतान करा लिहल गइल बा। शिकायत के बाद तत्कालीन बीडीओ दुर्योधन के सहजनवा से हटा दिहल गइल रहे। एह शिकायत के गंभीरता से लेत जिलाधिकारी 12 अप्रिल के जिला समाज कल्याण अधिकारी, जिला ग्राम विकास अभिकरण के सहायक अभियंता के संयुक्त रूप से जांच के जिम्मा देले रहस।

टीम मवका पs जाके कइलस न‍िरीक्षण

टीम द्वारा 11 आ 12 मई के काम के स्थलीय सत्यापन कइल गइल। मवका के निरीक्षण कइला के बाद शिकायतकर्ता के शिकायत पहिला नजर में सही पावल गइल। मवका पs 15 में से 10 काम करावले ना गइल रहे। बाकी पांचो काम हाले में करावल गइल बा। काम अधोमानक मिलल । स्थानीय लोग, रोजगार सेवक, प्रधान आदि बतावल लो कि काम निरीक्षण से दु दिन पहिलही करावल गइल बा। जबकि अभिलेखन  के मोताबिक भुगतान नवंबर 2021 में कर दिहल गइल रहे।

होई विस्तृत जांच

जांच टीम 13 मई के जिलाधिकारी के सोझा जांच आख्या प्रस्तुत कs देलस। एफआइआर के संगही जिलाधिकारी एह ममिला के विस्तृत जांच करावे के निरदेस देले बाड़े। ऊ कहले कि रिपोर्ट में धन के गलत भुगतान, कार्ययोजना तइयार कs के कार्यपूर्ति दिखाके सरकारी धन के गबन करे में केकर-केकर संलिप्तता बा, जवना चेकन के माध्यम से भुगतान लिहल गइल बा, ओपर केकर हस्ताक्षर बा जइसन बिन्दुअन पs विस्तृत जांच के जरूरत बा।

बीडीओ आ आउर कर्मियन के मिलीभगत से फर्जीवाड़ा होत रहल बाकिर कवनो उच्च अधिकारी के एकर  भनक ना लागल। जिलाधिकारी के सोझा शिकायत ना भइल रहित तs ई ममिला दबल रह जाइत। एह प्रकरण के बाद जिला के आउर ब्लॉकमन में एह तरे के जांच के जरूरत महसूस कइल जाये लागल बा।

सहजनवा ब्लाक में सरकारी धन के गबन के ममिला प्रकाश में आइल बा। एमे पूर्व बीडीओ सहित आउर लोग पs एफआइआर दर्ज करावल जा रहल बा। ममिला के विस्तार से जांच होई। एह तरे के अनियमितता के बरदाश्त ना कइल जाई। – विजय किरन आनंद, जिलाधिकारी

257300cookie-checkगोरखपुर में करोड़न के घोटाला, डीएम बीडीओ आ दु गो जेई समेत चार पs दर्ज करवले मुकदमा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.