Pakistan Energy Crisis : ईरान युद्ध के असर से पाकिस्तान में संकट गहराइल, आज रात से लागू होई लॉकडाउन

Pakistan Energy Crisis Lockdown Market Closure News

Share

नई दिल्ली। ईरान युद्ध के असर अब पाकिस्तान पs साफ-साफ देखे के मिल रहल बा। देस में ऊर्जा संकट के चलते सरकार बड़ा फैसला लेले बिया। प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ के अध्यक्षता में भइल बैठक में तय भइल कि सिंध प्रांत के छोड़ के पूरा देस में बाजार आ शॉपिंग मॉल रात आठ बजे तक बंद कs दिहल जाई।

सरकार के अनुसार, ई डेग ऊर्जा बचावे खातिर उठावल गइल बा। पंजाब, बलूचिस्तान, इस्लामाबाद, गिलगित-बाल्टिस्तान आ खैबर पख्तूनख्वा (KP) के जादेतर इलाका में ई नियम लागू होई। हालांकि सिंध में अभी टाइमिंग पs चरचा जारी बा।

एह फैसला के तहत बेकरी, रेस्टोरेंट, तंदूर आ खाना-पीना के दुकान रात 10 बजे तक बंद हो जाई। मैरिज हॉल, मार्की आ सादी-बेयाह के आयोजन खातिर इस्तेमाल होखे वाला जगहन पs रात 10 बजे के बाद पाबंदी लगावल गइल बा। निजी घर में होखे वाला सादी समारोह पs रात 10 बजे के बाद रोक रही। हालांकि मेडिकल स्टोर आ दवाई दुकान के ई नियम से छूट दिहल गइल बा।

सरकार बतवले बिया कि ई नया नियम सात अप्रिल से लागू हो जाई। एह बीच गिलगित आ मुजफ्फराबाद में एक महीना तक पब्लिक ट्रांसपोर्ट मुफ्त चलावल जाई, जवना के खरचा केंद्र सरकार उठाई।

असल में, मिडिल ईस्ट में चल रहल युद्ध के चलते तेल सप्लाई प्रभावित भइल बा। होर्मुज जलडमरूमध्य में रुकावट के कारण ईंधन के दाम बढ़ गइल बा, जवना के सीधा असर पाकिस्तान के अर्थबेवस्था पs पड़ रहल बा।

सिंध के मुख्यमंत्री मुराद अली शाह बेयपारियन से बैठक कs के कहलें कि देस के हालत देखत सब केहू मिल के जिम्मेदारी निभावे के पड़ी। सरकार कोसिस करत बिया कि ऊर्जा बचावल जावs आ गरीब लोग पs कम से कम असर पड़े।

कुल मिला के, पाकिस्तान में बढ़त संकट के बीच ई फैसला हालात के गंभीरता के साफ इशारा दे रहल बा।

Read Also: UP Cabinet Decision : शिक्षामित्रन के मानदेय 18 हजार आ अनुदेशकन के 17 हजार भइल, कैबिनेट देलस मंजूरी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-