SAFF Championship: पाकिस्तान के भारत में सैफ चैंपियनशिप खातिर वीजा मिलल, पहिला मैच में टीम इंडिया से मुकाबला

Share

पाकिस्तान फुटबॉल टीम के सैफ फुटबॉल चैंपियनशिप में हिस्सा लेवे के रास्ता साफ हो गइल बा। ओकरा सोमार (19 जून) के वीजा मिल गइल बा। पाकिस्तान के टीम मॉरीशस से जल्दी से जल्दी उड़ान भरे के तलाश में बिया ताकि टीम इंडिया के खिलाफ 21 जनवरी के कांतीरवा स्टेडियम में होखे वाला अपना पहिला मैच खातिर समय पs भारत पहुंच सके। दुनो टीमन के बीच ई मुकाबला सांझ 7.30 बजे से सुरू होई।

समाचार एजेंसी पीटीआई के कर्नाटक स्टेट फुटबॉल एसोसिएशन के एगो अधिकारी पाकिस्तानी टीम के वीजा मिले के पुष्टि कइलें। ऊ कहलें, ”हs, हमनी के पाकिस्तान टीम के वीजा मंजूरी मिलला के बारे में जानत बानी सs। हमनी के उम्मीद कर रहल बानी सs कि ओह लोगन के टीम बुध के भारत के खिलाफ बहुप्रतीक्षित मैच से पहिले मंगर के बेंगलुरु में पहुंच जाई। हमनी के दर्शकन के बड़ भीड़ के उम्मीद कर रहल बानी सs।”

भारत आ पाकिस्तान के कार्यक्रम में ना होई बदलाव

अधिकारी कहलें कि एह समय मैच के कार्यक्रम में बदलाव के बारे में नइखी सोच रहल सs। एह बारे में ऊ एआईएफएफ के संगे मिलके काम कर रहल बानी। एकरा पहिले सैफ टूर्नामेंट खातिर पाकिस्तान फुटबॉल टीम के आगमन भारत के यात्रा ला आवश्यक वीजा प्रक्रिया में देरी के कारण अधर में लटक गइल रहे।

मॉरीशस में चार देसन के टूर्नामेंट में खेली पाकिस्तान के टीम

पाकिस्तान के टीम मॉरीशस में फंस गइल रहे। उहां उ सैफ प्रतियोगिता से पहिले चार दसन के नेशन कप टूर्नामेंट में भाग लेलस। पाकिस्तान खातिर दक्षिण एशिया के सबसे बड़ फुटबॉल टूर्नामेंट के तइयारी अच्छा ना रहल। नेशन कप में ओकरा सब मैचन में हार के सामना करे के पड़ल। ऊ सबसे नीचे चउथा स्थान पs रहल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-