अटारी बॉर्डर पs पाकिस्तान अथॉरिटी के शरारत, 2 घंटा ले नाहीं खुलल इमीग्रेशन गेट

अटारी बॉर्डर

Share

पहलगाम में भईल आतंकी हमला में 26 भारतीय मारल गईले। एह हमला के बाद भारत सरकार कार्रवाई कइलस आ पाकिस्तानी नागरिकन के वीजा रद्द कs दिहलस. एही बीच 29 अप्रैल तक सभ पाकिस्तानी के भारत छोड़ के पाकिस्तान वापस जाए के कहल गईल, बाकिर एs पूरा प्रक्रिया में अटारी बॉर्डर पs पाकिस्तानी अधिकारी के ओर से बदमाशी के मामला सोझा आईल बा। दरअसल पाकिस्तान भारत से लवटत पाकिस्तानी नागरिकन खातिर इमिग्रेशन गेट देर से खोललस. पाकिस्तान साइड के इमिग्रेशन गेट करीब 2 घंटा तक ना खुलल।

अटारी बॉर्डर पs वाहनन के लंबा कतार

एकरा चलते अटारी बॉर्डर पs भारत के ओर से गाड़ी के लमहर कतार बन गईल। जम्मू-कश्मीर पुलिस के ओर से लेके आईल पाकिस्तानी के लेके बस बैरिकेड में घुस गईल, बाकिर पाकिस्तानी अधिकारी देर से इमिग्रेशन गेट खोलले। एकरा चलते अटारी बॉर्डर पs लमहर कतार बनल। जानकारी के मुताबिक आज करीब 12 बजे पाकिस्तान पक्ष से इमिग्रेशन गेट खोलल गईल, जवना के चलते लोग के घाम में घंटों इंतजार करे के पड़ल। बता दीं कि भारत सरकार पाकिस्तानी नागरिकन के वीजा रद्द कs दिहले रहुवे. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-