Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पाकिस्तानी अदालत इमरान खान के जमानत देने से इनकार कइलस, 9 मई के भइल दंगन के ममिला में बाड़ें आरोपी

159
Google Ads 300*250 for posts

पाकिस्तान के एगो अदालत मंगर के 9 मई के भइल दंगन के तीन गो ममिलन में पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान के गिरफ्तारी से पहिले जमानत देवे से इनकार कs देले बा। संगही पूछताछ खातिर पुलिस के हिरासत के अनुमति दे देले बा।

पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) के संस्थापक पs एह समय 200 से जादे ममिला चल रहल बा आ ऊ पिछला साल अगस्त से जेल में बंद बाड़ें।

अमेरिका के कैपिटल हिल से कइले रहस हिंसा के तुलना

आतंकवाद निरोधक अदालत (एटीसी) लाहौर के न्यायाधीश खालिद अरशद मंगर के खान के गिरफ्तारी से पहिले जमानत देवे से इनकार कs देलें आ अभियोजन पक्ष के ओर से 9 मई के हिंसा के संयुक्त राज्य अमेरिका कैपिटल हिल हमिलन के बराबर बतवला के बाद तीन ममिलन में उनकर याचिका खारिज कs देलस। संगही कहलें कि पूछताछ खातिर पुलिस हिरासत के जरूरत बा। कोर्ट पूर्व प्रधानमंत्री के तीन ममिलन के जांच पूरा करे खातिर कहले बा।

वकील कहलें- कवनो गवाह नइखे 

इमरान खान के वकील सलमान सफदर कहलें कि ई साबित करे खातिर कवनो गवाह नइखे कि पूर्व प्रधानमंत्री हिंसा भड़कवलें। संगही ऊ सवाल कइले कि नव मई के हिरासत में रहत ऊ साजिश कइसे रच सकत बाड़ें।

प्रधानमंत्री के राजनीतिक सलाहकार इमरान पs लगवले रहस आरोप

पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ के राजनीतिक सलाहकार राणा सनाउल्लाह इमरान खान के लेके बड़ दावा कइले रहस। उनकर कहनाम रहे कि इमरान खान, जेल के भीतर से पाकिस्तान में अराजकता फइलावे के साजिश रच रहल बाड़ें।

पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान नया सिरा से चुनाव करावे के मांग कइलें बाड़ें। ऊ कहलें कि पूरा देस जानत बा कि 2024 के चुनाव पाकिस्तान के इतिहास के सबसे बड़ धोखा हs। पीटीआई पार्टी के संस्थापक खान अभी रावलपिंडी के अदियाला जेल में बंद बाड़ें।

890030cookie-checkपाकिस्तानी अदालत इमरान खान के जमानत देने से इनकार कइलस, 9 मई के भइल दंगन के ममिला में बाड़ें आरोपी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.