गोरखपुर। साहित्य अकादमी के पूर्व अध्यक्ष आ दीन दयाल उपाध्याय विश्विविद्यालय गोरखपुर के हिंदी विभाग के पूर्व अध्यक्ष आ दस्तावेज के संपादक पद्मश्री प्रो. विश्वनाथ प्रसाद तिवारी के धर्मपत्नी दुर्गावती देवी (83) के मंगर के रात उनका बेतियाहाता इस्थित आवास पs निधन हो गइल। दुर्गावती देवी पिछला एक बरिस से गंभीर रूप से बेमार चलत रहली। उनका डिमेंशिया के शिकायत रहे। बेतियाहाता इस्थित आवास ‘दस्तावेज’ में ऊ अंतिम सांस लेली। उनकर अंतिम संस्कार बुध के सबेरे 9:30 राजघाट पs कइल गइल।
देवरिया जिला के लक्ष्मीपुर क्षेत्र इस्थित तकियां गांव के प्रतिष्ठित परिवार के बेटी दुर्गावती देवी के बियाह कुशीनगर के रायपुर भैंसही भेड़िहारी निवासी प्रो. विश्वनाथ प्रसाद तिवारी के संगे भइल रहे। ऊ पति प्रो. विश्वनाथ प्रसाद तिवारी आ बेटा डॉ. अजय कीर्ति तिवारी आ डॉ. अनंत कीर्ति तिवारी के संगे बेतियाहाता इस्थित आवास पs रहत रहली। दुर्गावती देवी पिछला कुछ दिनन से अस्वस्थ चलत रहली। मंगर के रात में उनकर तबीयत जादे बिगड़ गइल आ तकरीबन 10 बजे उनकर निधन हो गइल।
साहित्यकार आ रचनाकार आउर रंगकर्मियन के संगही शहर के गणमान्य नागरिक उनका आवास पs पहुंचके गहिराह संवेदना व्यक्त कइल लाे। प्रो. विश्वनाथ तिवारी बतवलें कि दुर्गावती देवी के अंतिम संस्कार बुध के राप्ती नदी के राजघाट पs सबेरे 9:30 बजे होई। दुर्गावती देवी के पुत्र प्रो. अजय डीएवी पीजी कॉलेज आ प्रो. अनंत सेंट एंड्रयूज कालेज में शिक्षक बाड़ें।