[the_ad_group id="30365"]

Puja Special Trains : गोरखपुर से होके गुजरिहें सs पूजा स्पेशल ट्रेन, यात्रियन के मिली सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। त्योहारन (दशहरा, दीपावली आ छठ) में आवागमन करे वाला यात्रियन खातिर राहत भरल खबर बा। यात्रियन के भीड़ के देखत रेलवे प्रशासन गोरखपुर के रास्ते दुगो पूजा स्पेशल ट्रेन चलावे के घोषणा कइले बा।

मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के अनुसार 05301/05302 नंबर के मऊ-अम्बाला कैंट-मऊ साप्ताहिक पूजा नव फेरा में आ 05742/05741 नंबर के न्यू जलपाईगुड़ी-गोमती नगर-न्यू जलपाईगुड़ी साप्ताहिक पूजा स्पेशल छव फेरा में चलावल जाई।

05301 मऊ-अम्बाला कैंट साप्ताहिक पूजा स्पेशल 02 अक्टूबर से 27 नवम्बर तक हर बियफे के मऊ से सबेरे 04.00 बजे प्रस्थान कs के गोरखपुर से 07:00 बजे आगे खातिर रवाना होई। ई ट्रेन सीतापुर, मुरादाबाद आ दिल्ली होत रात 12:30 बजे अंबाला कैंट पहुंची।

05302 अम्बाला कैंट-मऊ साप्ताहिक पूजा स्पेशल 03 अक्टूबर से 28 नवम्बर तक हर सुक के अम्बाला कैंट से रात 01:40 बजे प्रस्थान करी। ई ट्रेन दिल्ली, बरेली आ सीतापुर होत गोरखपुर से सांझ 07:00 बजे मऊ खातिर रवाना होई। देवरिया आ भटनी होत रात 10:00 बजे मऊ पहुंची।

05742 न्यू जलपाईगुड़ी-गोमती नगर साप्ताहिक पूजा स्पेशल 28 सितम्बर से 02 नवम्बर तक हर बियफे के न्यू जलपाईगुड़ी से सबेरे 07.00 बजे प्रस्थान करी। पूर्णिया, कटिहार, बरौनी, छपरा होत गोरखपुर से रात 12:29 बजे रवाना होई। ई ट्रेन अयोध्या धाम होत दूसरका दिन सबेरे 07:15 बजे गोमतीनगर पहुंची।

05741 गोमती नगर-न्यू जलपाईगुड़ी साप्ताहिक पूजा स्पेशल 29 सितम्बर से 03 नवम्बर तक हर सोमार के गोमती नगर से सबेरे 09:40 बजे प्रस्थान करी। ई ट्रेन अयोध्या धाम के रास्ते गोरखपुर से सांझ 04:45 बजे रवाना होई। देवरिया सदर, सिवान, छपरा होत दूसरका दिन सबेरे 09:25 बजे न्यू जलपाईगुड़ी पहुंची।

Read Also: Share Market: जीएसटी सुधारन के एलान के बाद शेयर बाजार गुलजार; सेंसेक्स लगवलस लमहर छलांग, निफ्टियो में तेजी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]