Corona Alert: देस में कोरोना संक्रमण के बढ़त रफ्तार डरवलस, सक्रिय केस 6000 के पार, 24 घंटा में छव के मौत

Share

सेंट्रल डेस्क: देस में कोरोना संक्रमण के बढ़त रफ्तार डेरावे लागल बा। कोरोना संक्रमण के सक्रिय केसन के आंकड़ा 6000 के पार पहुंच गइल बा। बीतल 24 घंटा में छव कोरोना संक्रमितन के मौत भइल बा। केरल अभियो देस के सबसे प्रभावित राज्य बनल बा। इहां कोरोना के कुल 1950 केस बा। बीतल 24 घंटा में एमे 144 के इजाफा देखल गइल बा। एकरा बाद गुजरात में 822, दिल्ली में 686, महाराष्ट्र में 595, कर्नाटक में 366, उत्तर प्रदेश में 219, तमिलनाडु में 194, राजस्थान में 132 आ हरियाणा में 102 कोरोना के ममिला मिल चुकल बा।

पिछला 24 घंटा में भइल मौतन के बात करीं तs केरल में तीन कोरोना संक्रमित दम तुड़ दिहल। एक के उमिर 51 साल, दूसरका के 64 आ तीसरका के उम्र 92 साल बतावल गइल बा। तीनो पुरुष बाड़ें आ तीनो के पहिले से कइयन गो बेमारी रहे। अइसही कर्नाटक में दुगो कोरोना संक्रमितन के मौत भइल। जान गंवावे वाला दुनो पुरुषन के उमिर 51 आ 78 साल रहे। ई दुनो स्वास्थ्य संबंधी परेसानियन से ग्रसित रहे। एकरा अलावे एगो 42 साल के पुरुष कोरोना संक्रमित के मौत तमिलनाडु में भइल।

पिछला 48 घंटन में 769 नया केस

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़न के अनुसार, पिछला 48 घंटन में 769 नया संक्रमणन के संगे भारत के सक्रिय कोविड ममिला 6,000 के आंकड़ा के पार कs गइल बा। आधिकारिक सूत्रन के मोताबिक, बढ़त कोविड ममिलन के वजह से केंद्र सरकार सुविधा-स्तर के तइयारियन के जांच करे खातिर मॉक ड्रिल करा रहल बा। सब राज्यन के ऑक्सीजन, आइसोलेशन बेड, वेंटिलेटर आ आवश्यक दवाइयन के उपलब्धता सुनिश्चित करे के निरदेस दिहल गइल बा।

जनवरी से अब तक देस में 65 मौत

मंत्रालय कहलस कि भारत में 6,133 सक्रिय कोविड ममिला बा। पिछला 24 घंटन में छव गो आउर मौत भइल बा। आधिकारिक सूत्रन के मोताबिक, अधिकांश ममिला हलुका बा आ घरेलू देखभाल में आइसोलेशन के संगे ठीक कs लिहल जा रहल बा। एह साल जनवरी से अब तक देस में 65 मौत भइल बा। 22 मई के देस में कुल 257 सक्रिय मरीज रहे लोग।

अहम बैठक कइल गइल

एकरा पहिले 2 आ 3 जून के स्वास्थ्य सेवा महानिदेशक (DGHS) डॉ. सुनीता शर्मा के अध्यक्षता में आपदा प्रबंधन प्रकोष्ठ, आपातकालीन प्रबंधन प्रतिक्रिया (EMR) प्रकोष्ठ, राष्ट्रीय रोग नियंत्रण केंद्र (NCDC), भारतीय आयुर्विज्ञान अनुसंधान परिषद (ICMR), एकीकृत रोग निगरानी कार्यक्रम (IDSP), दिल्ली में केंद्र सरकार के अस्पतालन के प्रतिनिधियन आ सब राज्यन-केंद्र शासित प्रदेशन के प्रतिनिधियन के संगे मवजूदा कोरोना इस्थिति आ तइयारियन के मूल्यांकन करे खातिर तकनीकी समीक्षा बैठकन के एगो सीरीज आयोजित कइल गइल रहे।

बारीकी से कइल जा रहल बा निगरानी

4 जून के आधिकारिक सूत्र कहले रहे लोग कि IDSP के तहत राज्य आ जिला निगरानी इकाई इन्फ्लूएंजा जइसन बेमारी (ILI) आ गंभीर तीव्र श्वसन बीमारी (SARI) के बारीकी से निगरानी कs रहल बाड़ी सs। एगो आधिकारिक सूत्र कहले रहे कि दिशानिर्देशन के अनुसार सब भर्ती SARI ममिलन आ 5 प्रतिशत ILI ममिलन खातिर परीक्षण के सिफारिश कइल जाला। सकारात्मक SARI नमूनन के ICMR VRDL नेटवर्क के माध्यम से संपूर्ण जीनोम अनुक्रमण खातिर भेजल जाई।

Read Also: IND vs ENG: इंग्लैंड पहुंचतही तइयारियन में जुटल भारतीय टीम, फील्डिंग अभ्यास कइलस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-