सेंट्रल डेस्क: भारतीय सेना ऑपरेशन सिंदूर के तहत मात्र 25 मिनट में सटीक हमला करत आतंकी संगठन लश्कर-ए-तैयबा आ जैश-ए-मोहम्मद के मुख्यालयन सहित आतंकी प्रशिक्षण के नव मरकजन के खाक में मिला देलस। हमला के बाद सरकार आज सबेरे 11 बजे सर्वदलीय बैठक बोलावल गइल। एकर अध्यक्षता रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह करिहें। बैठक में गृह मंत्री अमित शाह आ संसदीय ममिलन के मंत्री किरेन रिजिजू मवजूद रहिहें। एह दौरान विपक्ष के नेता लोगन के जवाबी कार्रवाई आ भविष्य के तइयारियन के जानकारी दिहल जाई।
बैठक में पीएम मोदी के सामिल होखे के मांग
ओहिजा, कांग्रेस नेता जयराम रमेश कहलें कि हमनी के 24 अप्रिलो के प्रधानमंत्री से मीटिंग में सामिल होखे के मांग कइले रहनी सs, बाकिर ऊ ना अइलें। अबकी बेर कम से कम उनका आवे के चाहीं। ऊ कहलें कि भारत के राष्ट्रीय नीति पाकिस्तान आ पीओके से आवे वाला सब प्रकार के आतंकवाद के खिलाफ स्पष्ट आ मजबूत बा। ऊ कहलें कि राज्यसभा में विपक्ष के नेता मल्लिकार्जुन खरगे आ लोकसभा में विपक्ष के नेता राहुल गांधी एह बैठक में सामिल होई लो।
कांग्रेस सब तय कार्यक्रम रोकलस
कांग्रेस आतंकवाद के खिलाफ सरकार के पूरा समर्थन आ सेना के संगे एकजुटता दिखावत ‘संविधान बचाओ रैलियों’ सहित पार्टी के सब तय कार्यक्रम रोक देले बिया।
पीएम तीन देसन के दौरा टाला
तनाव के माहौल में पीएम मोदी तीन देसन के दौरा रद्द कs देले बाड़ें। पीएम 13 से 17 मई तक नॉर्वे, क्रोएशिया आ नीदरलैंड के दौरा पs जाये वाला रहे।
ऑपरेशन सिंदूर के बाद पाकिस्तान के हरकतन पs पैनी नजर रख रहल बा सेना
ऑपरेशन सिंदूर के बाद सेनाध्यक्ष जनरल उपेन्द्र द्विवेदी नियंत्रण रेखा पs पाकिस्तानी सेना के गतिविधियन के लेके स्थानीय बलन के संगे लगातार संपर्क में बाड़ें। पाकिस्तान आ पाकिस्तान के कब्जा वाला जम्मू-कश्मीर (पीओजेके) में आतंकी ठिकानन पs सटीक हमलन के बाद पाकिस्तान के ओर से युद्धविराम उल्लंघन पs कड़ा नजर रखल जा रहल बा। रक्षा अधिकारी बुध के बतावल लो कि सेना आ सुरक्षा बल पाकिस्तान के कवनो संभावित गलत हरकत खातिर हाई अलर्ट पs बा।
ऑपरेशन सिंदूर, दहल उठल पाकिस्तान
गौर करे वाला बात बा कि 6 से 7 मई के दरमियानी रात के 1:05 बजे से लेके 1:30 बजे तक सशस्त्र बल ऑपरेशन सिंदूर के अंजाम देले सs। 25 मिनट के एह ऑपरेशन में 24 मिसाइलन के माध्यम से नव आतंकी शिविरन के ध्वस्त कs दिहल गइल । एह नव ठिकानन में से पांच पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में रहस, ओहिजा चार पाकिस्तान में रहे। एह ठिकानन में आतंकियन के भरती कइल जात रहे। उनका के प्रशिक्षित कइल जात रहे। एतने ना भारतीय सेना के एह कार्रवाई में आतंकी मसूद अजहर के परिवार के दस लोगन के मौत हो गइल।
Read Also: Rohit Sharma Retirement: रोहित शर्मा टेस्ट क्रिकेट से लेलें संन्यास, वनडे में खेलत रहिहें