[the_ad_group id="30365"]

Rohit Sharma Retirement: रोहित शर्मा टेस्ट क्रिकेट से लेलें संन्यास, वनडे में खेलत रहिहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रोहित शर्मा टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेवे के घोषणा कs देले बाड़ें। लमहर समय से उनकर टेस्ट भविष्य के लेके अटकल लगावल जात रहे, जवना पs अब विराम लाग गइल बा। रोहित अपना टेस्ट करियर में 67 मुकाबलन में 12 शतक आ 18 अर्धशतक लगावत 40.57 के औसत से कुल 4,301 रन बनवलें।

इंग्लैंड दौरा पs मिली नया टेस्ट कप्तान

रोहित शर्मा के संन्यास के बाद अब भारतीय टीम के नया टेस्ट कप्तान मिली। इंग्लैंड दौरा खातिर जसप्रीत बुमराह, केएल राहुल, शुभमन गिल, आ ऋषभ पंत एह रेस में सबसे आगे मानल जा रहल बा।

2024-25 में रोहित शर्मा के खराब फॉर्म

2024-25 के सीजन में रोहित शर्मा के प्रदर्शन बहुते निराशाजनक रहल। ऊ 15 टेस्ट मैचन में खाली 164 रन बनवलें, उहो महज 10.83 के औसत से। बांग्लादेश आ न्यूजीलैंड के खिलाफ घरेलू सीरीज तक में उनकर फॉर्म खराब रहल।

बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी में ना चलल रहस हिटमैन

बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के पहिला टेस्ट में ऊ बेटा के जन्म के कारण अनुपस्थित रहलें। दूसरका टेस्ट में वापसी के बाद रोहित ओपनिंग ना कइलें, बलुक यशस्वी जायसवाल आ केएल राहुल के पारी के सुरुआत करे भेजलें। ई दुनो मिलके 201 रन के सानदार साझेदारी कइलें।

ऑस्ट्रेलिया दौरा पs कइलें संघर्ष

ऑस्ट्रेलिया दौरा पs रोहित के छठा नंबर पs बल्लेबाजी करे खातिर भेजल गइल, बाकिर ऊ जादे रन ना बना सकल। ब्रिसबेन टेस्ट में ऊ खाली 10 रन बनवलें। एकरा बाद टॉप ऑर्डर में वापसी कइला के बादो ऊ मेलबर्न टेस्ट में 3 आ 9 रन बना सकलें। एकरा बाद चउथा टेस्ट में शुभमन गिल के सामिल कइल गइल आ पांचवां टेस्ट से रोहित के छुट्टी कs दिहल गइल।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]