मेलबर्न एयरपोर्ट पs परिवार के फोटो लेत TV जर्नलिस्ट से भिड़लें कोहली, ऑस्ट्रेलियन मीडिया बोलल- एयरपोर्ट पब्लिक प्रॉपर्टी

Anurag Ranjan
विराट मेलबर्न एयरपोर्ट पs टीवी जर्नलिस्ट से लईकन के फोटो लेवे से मना कइले रहस ।

दिग्गज बल्लेबाज विराट कोहली मेलबर्न एयरपोर्ट पs ऑस्ट्रेलियन मीडिया से भिड़ गइलें। ऊ मीडिया के परिवार के फोटो लेवे से मना करत रहस, बाकिर चैनल-7 के जर्नलिस्ट फोटो ले लेली। एह पs ऑस्ट्रेलियन मीडिया कहलस कि एयरपोर्ट पब्लिक प्रॉपर्टी बा।

भारतीय टीम बियफे के बॉक्सिंग डे टेस्ट से पहिले मेलबर्न पहुंचल। टीम इंडिया के इहां 26 दिसंबर से ऑस्ट्रेलिया के संगे बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के चउथा मैच खेले के बा। 5 मैचन के सीरीज 1-1 के बराबरी पs बा। भारत एक दिन पहिले (18 दिसंबर के) गाबा टेस्ट ड्रॉ करवले रहस। इंडिया पर्थ में पहिला मुकाबला 295 रन से जीतले रहे, जबकि एडिलेड में खेलल गइल पिंक बॉल टेस्ट में मेजबान टीम के 10 विकेट के जीत मिलल रहे।

का बा पूरा ममिला?

विराट, पत्नी अनुष्का शर्मा आ वाम‍िका आउर अकाय के संगे मेलबर्न एयरपोर्ट पहुंचले। तबे ऑस्ट्रेलियाई चैनल ‘चैनल 7’ के जर्नलिस्ट उनकर वीडियो बनवली। विराट महिला जर्नलिस्ट से अनुरोध कइलें कि ऊ उनकर तस्वीर चलावस, बाकिर उनका परिवार के तस्वीर डिलीट कs देस, बाकिर पत्रकार कोहली के बात ना मनली। ऑस्ट्रेलिया के कानून के मोताबिक, कवनो सार्वजनिक स्थल पs कवनो सेलिब्रिटी के फोटो खींचे भा वीडियो बनावे पs कवनो पाबंदी नइखे।

खीस में एयरपोर्ट से बाहर जात विराट कोहली।
खीस में एयरपोर्ट से बाहर जात विराट कोहली।

महिला रिपोर्टर कहली-

कोहली कैमरन के देखके खिसिया गइलें। उनका लागल कि मीडिया उनका लईकन के संगे उनकर तस्वीर खींच रहल बा। ई गलतफहमी बा ।

कोहली मीडिया से कहलें-

लईकन के संगे हमरा तनिका गोपनीयता के जरूरत बा, रउआ हमरा से पूछले बिना तस्वीर नइखी खींच सकत।

ऑस्ट्रेलिया के कानून के मोताबिक कवनो पब्लिक प्लेस पs कवनो सेलिब्रेटी के वीडियो भा तस्वीर लेवे पs कवनो पाबंदी नइखे। जब कोहली के बतावल गइल बा कि उनका लईकन के तस्वीर नइखे खींचल जा रहल बा तs ऊ मीडिया के संगे गलतफहमी दूर कइलें आ चैनल 7 के कैमरामैन से हाथ मिलवलें।

फैमली के मीडिया से दूर रखल पसंद करेले कोहली

कोहली अपना फैमली के मीडिया से दूर रखल पसंद करेलें, खास कs के अपना लईकन के। उनका के कइयन बेर मीडिया से लईकन के फोटो ना लेवे के रिक्वेस्ट करत देखल गइल बा।

एक दिन पहिले लिखले रहस इमोशनल पोस्ट

कोहली एक दिन पहिले बुध के, 18 दिसंबर के रविचंद्रन अश्विन खातिर इमोशनल पोस्ट लिखले रहस। अश्विन गाबा टेस्ट के बाद रिटायरमेंट अनाउंस कs देले रहस।

गाबा टेस्ट में मात्र 3 रन बना सकल रहस कोहली

विराट कोहली पिछला कुछ समय से खराब फॉर्म से जूझ रहल बा। ऊ गाबा टेस्ट में भारत के पहिला पारी में तीन रन बना सकल रहस। ऊ एह सीरीज के तीन मैचन में 31.50 के औसत से 126 रन बना सकल बाड़ें। ऊ पर्थ टेस्ट के दूसरका पारी में शतक जमवले रहस।

Read Also: OpenAI: चैटजीपीटी इस्तेमाल करे खातिर अब नइखे कवनो एप के जरूरत, व्हाट्सएप से हो जाई काम

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment