[the_ad_group id="30365"]

OpenAI: चैटजीपीटी इस्तेमाल करे खातिर अब नइखे कवनो एप के जरूरत, व्हाट्सएप से हो जाई काम

chatgpt on whatsapp
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जदि रउआ एह बात से परेसानी रहे कि रउआ ChatGPT इस्तेमाल करे खातिर कवनो एप के डाउनलोड करे के पड़त रहे तs राउर एह समस्या के कंपनी दूर कs देले बिया। अब रउआ ChatGPT के इस्तेमाल फोन कs के आ व्हाट्सएप पs कs सकत बानी। एकरा खातिर OpenAI आधिकारिक फोन नंबर जारी कइले बा।
अइसन क्षेत्र जहां ई सेवा उपलब्ध बा, उहां के लोग दिहल गइल नंबर पs कॉल कs के कंपनी के चैटबॉट से मौखिक रूप से बातचीत कs सकत बा लो। एकरा अलावे दुनिया के आउर हिस्सन में रहे वाला लोग एह नंबर के सेव कs के व्हाट्सएप पs चैट कs सकत बा बा। फिलहाल वॉइस कॉल के समय हर महीना 15 मिनट तक सीमित, बाकिर AI कंपनी कहले रहे कि भविष्य में ई बदल सकत बा।

अब फोन कॉल के माध्यम से ChatGPT के इस्तेमाल

X पs एगो पोस्ट में, OpenAI ChatGPT खातिर नया फोन नंबर जारी कइलस। एह नंबर के वैनिटी फोन नंबर 1-800-ChatGPT (+1-800-242-8478) के रूप में बतावल गइल बा। वैनिटी फोन नंबर कीबोर्ड पs अक्षरन (जइसे A, B आ C के अर्थ 2; D, E आ F के अर्थ 3) के संख्या में बदलके इयाद रखे में आसान बनावल जाला। एह नंबर में ‘800’ कोड के मतलब बा कि ई टोल-फ्री बा आ कॉल करे वाला के एकर शुल्क ना देवे के होई। ई सुविधा फिलहाल खाली कनाडा आ अमेरिका में उपलब्ध बा।

OpenAI बतवलस कि फिलहाल लोगन के हर महीना खाली 15 मिनट के कॉल टाइम मिली। हालांकि, कंपनी भविष्य में एकर उपलब्धता आ सीमा के बदल सकत बा। जवन लोग एह देसन के बाहर रहत बा, उहो अब फोन नंबर के माध्यम से ChatGPT के उपयोग कs सकत बा लो, खाली व्हाट्सएप पs।

नंबर के सेव कइला के बाद, व्हाट्सएप उपयोगकर्ता ओहि तरे ChatGPT के संदेश भेज सकत बा लो, जइसे की ऊ आधिकारिक एप भा वेबसाइट पs करेला लो। वर्तमान में, चैटबॉट के व्हाट्सएप एक्सटेंशन खाली टेक्स्ट इनपुट आ आउटपुट के समर्थन करत बा लो। एकरा अलावे, आउर सुविधा जइसे सर्च, कैनवास आ DALL-E के माध्यम से इमेज जनरेशन व्हाट्सएप भा फोन कॉल पs उपलब्ध नइखे । ध्यान देवे वाला बात बा कि OpenAI बतवलें कि फोन कॉल सुविधा खातिर स्मार्टफोन के जरूरत नइखे आ ई फीचर फोन पs ओहि तरे काम करत बा।

Read Also: सांसदन में धक्का-मुक्की: मुकेश राजपूत आईसीयू में भरती; प्रताप सारंगी चोटिल, बोललें- राहुल धक्का मरलें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]