Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Ruksana Bano Dies: लोकप्रिय गायिका रुखसाना बानो के निधन, मात्र 27 साल के रहली, परिजन लगावल लो जहर देवे के आरोप

1,583

लोकप्रिय संबलपुरी गायिका रुखसाना बानो के निधन हो गइल बा। भुवनेश्वर के अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) भुवनेश्वर में इलाज के दौरान ऊ दम तुड़ देली। हालांकि, अस्पताल के अधिकारी लोग बतावल कि 27 साल के रुखसाना के जीवाणु के कारण होखे वाला रोग ‘स्क्रब टाइफस’ के इलाज कइल जात रहे। ओह लोगन के ओर से बुध के रात भइल उनकर मौत के कारण अभी ले नइखे बतावल गइल।

रुखसाना के मां आ बहिन आरोप लगवलस कि उनका के पश्चिमी ओडिशा के उनकर एगो प्रतिद्वंद्वी गायक जहर देले बा। हालांकि, जब ओह लोगन से ओकर नाम पूछल गइल तs ऊ कलाकार के पहचान उजागर करे से इनकार कs देलस। ऊ दावा कइल कि रुखसाना के पहिलहूं धमकी मिलल रहे। करीब 15 दिन पहहिले बोलनगीर में शूटिंग के दौरान जूस पियला के बाद रुखसाना बेमार पड़ गइली। उनका के 27 अगस्त के भवानीपटना के एगो अस्पताल में भरती करावल गइल रहे।

उनकर बहिन रूबी बानो संवाददाता लोगन के बतावल लो कि जानकारी के मोताबिक, करीब 15 दिन पहिले रुखसाना बोलनगीर में शूटिंग के दौरान जूस पियला के बाद बेमार पड़ गइल रहली। उनका के 27 अगस्त के भवानीपटना के एगो अस्पताल में भरती करावल गइल रहे। प्रारंभिक उपचार के बाद उनका के बोलनगीर के भीमा भोई मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल में रेफर कs दिहल गइल आ बाद उनकर हालत बिगड़ला पs बरगढ़ के एगो निजी अस्पताल ले जाइल गइल।

बाद में जब हालत में सुधार ना भइल तs उनका के एम्स भुवनेश्वर ले जाइल गइल। रुखसाना के मां एही तरे के दावा करत एगो वीडियो सनेस जारी कइल गइल रहे। ई वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.