गाड़ी चलावत माइकल जैक्सन के भाई टीटो जैक्सन के आइल हार्ट अटैक, गईल जान

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2024

लोकप्रिय पॉप ग्रुप जैक्सन 5 के गठन करे वाला भाई में से एगो टीटो जैक्सन के 70 साल के उमिर में निधन हो गइल बा. जैक्सन परिवार में कुल 9 बच्चा रहले, जवना में से

Share

टीटो जैक्सन के मउत: फोटो

लोकप्रिय पॉप ग्रुप जैक्सन 5 के गठन करे वाला भाई में से एगो टीटो जैक्सन के 70 साल के उमिर में निधन हो गइल बा. जैक्सन परिवार में कुल 9 बच्चा रहले, जवना में से टीटो जैक्सन तीसरा स्थान पs रहले। एह परिवार से आइल सुपरस्टार माइकल आ बहिन जेनेट कलाम के पॉपुलर गायिका रहली। वैसे इहाँ इहो जानल जरूरी बा कि माइकल जैक्सन के सभ भाई-बहिन संगीत जगत से जुड़ल रहले अवुरी एs परिवार के संगीत उद्योग में एगो लोकप्रिय परिवार बना देले। टीटो जैक्सन के बेटा टीजे, ताज अवुरी टेरिल अतवार के इंस्टाग्राम पs पोस्ट कईले कि उनुकर पिता अब नईखन।

टीटो साल 2016 में पहिली बेर एकल एल्बम रिलीज कइलें

टोरियानो एडरिल ‘टिटो’ जैक्सन के जनम 15 अक्टूबर 1953 के भइल रहे. अपना सभ भाई-बहिन में उs सबसे कम लोकप्रिय रहले। गायक होखे के अलावा गिटारवादक भी रहले। जैक्सन परिवार के सभ सदस्य संगीत के आपन गंतव्य चुनले, माइकल सभसे लोकप्रिय आ पॉप किंग के रूप में जानल जालें। जैक्सन के नौ भाई लोग में से टीटो जैक्सन आखिरी रहलें जे आपन खुद के एल्बम रिकार्ड कइलें। इनके पहिला एल्बम “टीटो टाइम” साल 2016 में रिलीज भइल। 2017 में उनुकर एगो गाना रिलीज भईल जवना के नाम रहे ‘वन वे स्ट्रीट’।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.