अनुगुल। ओडिशा के झारसुगुड़ा जिला में अतवार के तड़के एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। ड्यूटी पs तैनात पुलिस के PCR बोलेरो वैन के तेज रफ्तार ट्रक (ट्रेलर) से आमने-सामने जोरदार टक्कर हो गई, जवना में 5 पुलिसकर्मियन के मवके पs मौत हो गइल, जबकि 3 जवान गंभीर रूप से घायल हो गइल।
ई हादसा भोर में झारसुगुड़ा सदर थाना के सामने भइल, जवन समय सड़क पs आवाजाही कम रहे। सुरुआती जानकारी के मोताबिक, पुलिस वैन ड्यूटी पs निकलल रहे आ सामने से आ रहल तेज ट्रेलर से सीधा भिड़ंत हो गइल। टक्कर एतना जबरदस्त रहे कि बोलेरो के परखच्चा उड़ गइल आ घटनास्थल पs अफरा-तफरी मच गइल।
हादसा में शहीद होखे वाला जवानन में एपीआर जवान काशीराम भोई, देबदत्त सा, ड्रिल सब-इंस्पेक्टर निरंजन कुजूर, एपीआर हवलदार लिंगराज धुरुआ आ होमगार्ड भक्तबंधु मिर्धा सामिल बाड़ें। सबे केहू के मवके पs दम टूट गइल।
तीन जवानन के हालत नाजुक
हादसा में दूगो एपीआर जवान आ एगो सार्जेंट गंभीर रूप से जख्मी हो गइल। स्थानीय लोगन आ पुलिस के मदद से घायलन के फौरन झारसुगुड़ा जिला मुख्यालय अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां डॉक्टरन के निगरानी में इलाज चल रहल बा। अस्पताल सूत्रन के मोताबिक, घायलन के हालत अभियो नाजुक बतावल जा रहल बा।
पुलिस ट्रेलर चालक के हिरासत में लेके पूछताछ सुरू कs देले बिया। हादसा के कारणन के गहन जांच चल रहल बा। सूचना मिलतही वरिष्ठ पुलिस अधिकारी घटनास्थल पs पहुंच के हालात के जायजा लिहल लोग।







