Nepal Bus Accident : नेपाल में बड़ हादसा, नदी में गिरल यात्री बस, 18 लोगन के मौत, कइयन घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 23, 2026

काठमांडू। नेपाल में सोमार के तड़के एगो दर्दनाक सड़क हादसा पूरा इलाका के झकझोर के रख देलस। पोखरा से काठमांडू जा रहल एगो यात्री बस धादिंग जिला में त्रिशूली नदी में जा गिरल। एह भीषण

Share

काठमांडू। नेपाल में सोमार के तड़के एगो दर्दनाक सड़क हादसा पूरा इलाका के झकझोर के रख देलस। पोखरा से काठमांडू जा रहल एगो यात्री बस धादिंग जिला में त्रिशूली नदी में जा गिरल। एह भीषण हादसा में अब तक 18 लोगन के मौत के पुष्टि भइल बा, जबकि 25 से जादे यात्री गंभीर रूप से घायल बतावल जा रहल बा। बस में बिदेसी पर्यटक सवार रहे लोग।

स्थानीय मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, ई हादसा भारतीय समय के मोताबिक रात करीब एक बजे चिनाधारा क्षेत्र के लगे भइल। बस में करीब 40 से 45 यात्री सवार रहे लोग। मृतकन में छव गो महिला आ 11 पुरुष सामिल बा लोग, जबकि घायलन में आठ महिला, 18 पुरुष आ एगो नाबालिग लईकी बतावल जा रहल बिया। सब घायलन के आसपास के अस्पतालन में भरती करावल गइल बा ।

कइसे भइल हादसा

जानकारी के मोताबिक बस पृथ्वी राजमार्ग पs चलत रहे। बेनीघाट रोरांग ग्रामीण नगरपालिका-5 के भैसेपाटी इलाका के लगे बस अचानक अनियंत्रित हो गइल। वाहन सड़क से फिसलके करीब 300 मीटर नीच ढलान से होत सीधे नदी के किनारे जा गिरल। हादसा के बाद बस पूरा तरे क्षतिग्रस्त अवस्था में मिलल।

जांच में जुटल पुलिस

नेपाल पुलिस बतवलस कि दुर्घटना के कारणन के जांच कइल जा रहल बा। सुरुआती जांच में आशंका जतावल जा रहल बा कि चालक वाहन से नियंत्रण खो देलस भा सड़क के इस्थिति खराब रहे। एकरा संगही इहो जांच कइल जा रहल बा कि बस में क्षमता से जादे यात्री तs ना सवार रहे लोग। प्रशासन मृतकन के परिजनन के सूचना दे देले बा।

रात में राहत कार्य बनल चुनौती

हादसा रात के समय होखला के कारण राहत आ बचाव कार्य में बहुते दिक्कत आइल। नेपाली सेना, सशस्त्र पुलिस बल, नेपाल पुलिस आ स्थानीय लोग मिलके रेस्क्यू ऑपरेशन चलावल। हाईवे रेस्क्यू मैनेजमेंट समिति के अध्यक्ष राजकुमार ठाकुरी बतवलें कि अन्हार आ नदी के तेज बहाव बचाव कार्य में बड़ चुनौती बनल, एकरा बादाे घायलन के समय रहते अस्पताल पहुंचावल गइल।

Read Also: 23 फरवरी 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.