भुवनेश्वर। राज्यसभा चुनाव में क्रॉस वोटिंग कांग्रेस के तीन विधायकन पs भारी पड़ गइल बा। पार्टी कड़ा डेग उठावत विधायक सोफिया फिरदौस, रमेश जेना आ दाशरथी गमांग के निलंबित कs देलस। ओने, कटक नगर सभा के सभानेत्री गिरिबाला बेहरा के पार्टी से निकाल दिहल गइल बा।
प्रदेश कांग्रेस के वरिष्ठ नेता अरविंद दास बतवलें कि तीनो विधायकन पs पार्टी के व्हिप के उल्लंघन करे के आरोप बा। ऊ कहलें कि एह तीनो के स्थायी रूप से पार्टी से बाहर करे खातिर आलाकमान से अनुमति मांगल गइल बा। अनुमति मिलतही आगे के कार्रवाई कइल जाई।
Read Also: Share Bazar : सेंसेक्स 321 अंक चढ़ल, निफ्टी में तेजी, डॉलर के मुकाबला में रुपिया 14 पईसा कमजोर
Post Views: 33








