[the_ad_group id="30365"]

Share Bazar : सेंसेक्स 321 अंक चढ़ल, निफ्टी में तेजी, डॉलर के मुकाबला में रुपिया 14 पईसा कमजोर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। भारतीय शेयर बाजार मंगर के हरियर निशान पs खुलल। सुरुआती कारोबार में निफ्टी 50, 84.40 अंक माने 0.36 प्रतिशत चढ़के 23,493.20 पs खुलल, जबकि बीएसई सेंसेक्स 321.32 अंक माने 0.43 प्रतिशत के बढ़त के संगे 75,824.17 पs पहुंच गइल। ओही समय रुपिया अमेरिकी डॉलर के मुकाबला में 14 पईसा गिरके 92.42 पs आ गइल।

सेंसेक्स के 30 कंपनी में से इटरनल, महिंद्रा एंड महिंद्रा, मारुति, टाटा स्टील, इंटरग्लोब एविएशन आ भारती एयरटेल जइसन कंपनी बढ़त में रहलें। जबकि इंफोसिस, एचसीएल टेक, टीसीएस, टेक महिंद्रा आ स्टेट बैंक ऑफ इंडिया पीछे रहे।

मार्केट एक्सपर्ट अजय बग्गा के अनुसार, कैश इक्विटी सेगमेंट में बिदेसी निवेशक (FPI) 9,000 करोड़ रुपिया से जादे के बिकवाली कइले बा लोग। एकरा बादो, दिन के अंत में बाजार में तेजी देखे के मिलल। वैश्विक संकेत सकारात्मक रहे। अमेरिका के बाजार मजबूती से बंद भइल, खास कs के टेक शेयरन के एनविडिया से सहारा मिलल। एशियाई बाजारो बढ़त के संगे खुलल।

हालांकि, कच्चा तेल के बढ़त वैश्विक अर्थबेवस्था खातिर चिंता के विषय बनल बा। ईरान-अमेरिका तनाव के चलते होर्मुज जलडमरूमध्य प्रभावित बा, जवना से तेल आ गैस के सप्लाई पs असर पड़ रहल बा।

एशिया के बाजारन में तेजी देखे के मिलल। जापान के निक्केई, हांगकांग के हैंग सेंग, ताइवान आ दक्षिण कोरिया के कोस्पी सब हरियर निशान पs रहे। अमेरिका में डाउ जोन्स, एसएंडपी 500 आ नैस्डैक बढ़त के संगे बंद भइल।

ब्रेंट क्रूड के दाम बढ़के 103 डॉलर प्रति बैरल पहुंच गइल। जबकि सोना आ चांदी के कीमत में गिरावट देखल गइल। बिदेसी निवेशक 9366 करोड़ रुपिया निकललें, जबकि घरेलू निवेशक 12593 करोड़ रुपिया लगा के बाजार के सहारा देलें।

Read Also: Gorakhpur Crime : गोरखुपर में भाजपा नेता के हत्या, मॉर्निंग वॉक पs निकलल राजकुमार के चाकू से 50-60 वार कs के मार डालल गइल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]