Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

WC 2023 Schedule: भारत में होखे वाला वनडे विश्व कप के शेड्यूल जारी; 10 जगहन पs खेलल जाई फाइनल समेत 48 मैच

ICC ODI World Cup 2023 Full Schedule: आईसीसी वनडे विश्व कप 2023 के पूरा शेड्यूल जारी कs  देले बा। ई टूर्नामेंट पांच अक्तूबर से 19 नवंबर के बीच भारत में खेलल जाई। भारत आ पाकिस्तान के मैच 15 अक्तूबर के अहमदाबाद में होई।

1,576

आईसीसी वनडे विश्व कप 2023 के शेड्यूल जारी कs देले बा। ई टूर्नामेंट पांच अक्तूबर से 19 नवंबर के बीच भारत में खेलल जाई। पहिला मैच इंग्लैंड आ न्यूजीलैंड के बीच होई। इहे दुनो टीम 2019 विश्व कप के फाइनल में आमने-सामने रहे। इहे दुनो टीम अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में पांच अक्तूबर के टूर्नामेंट के पहिला मैच खेली। ओहिजा, भारत के पहिला मैच आठ अक्तूबर के चेन्नई के मैदान में ऑस्ट्रेलिया के संगे होई। ड्रॉफ्ट शेड्यूल में कवनो बड़ बदलाव नइखे कइल गइल आ टीम भारतीय 15 अक्तूबर के अहमदाबाद के मैदान में पाकिस्तान के खिलाफ खेली।

एह विश्व कप में कुल 10 टीम भाग लिहें सs। आठ टीम पहिलही एह टूर्नामेंट खातिर क्वालिफाई कs चुकल बाड़ी सs आ बाकी दु स्थानन खातिर जिम्बाब्वे में क्वालिफायर राउंड खेलल जा रहल बा, जेमे सुपर सिक्स में छव टीम पहुंच चुकल बाड़ी सs। एमे से दु गो टीम भारत में होखे वाला विश्व कप के मुख्य राउंड में भाग लिही। फिलहाल सुरुआती दुगो विश्व कप जीते वाली वेस्टइंडीज के टीम एह विश्व कप से बाहर होखे के कगार पs बिया। श्रीलंका आ जिम्बाब्वे के मुख्य दौर में खेले के संभावना सबसे जादा बा। नौ जुलाई को विश्व में सामिल होखे वाली बाकी दु टीमन के फैसला हो जाई।

एह विश्व कप में सब टीम बाकी नव टीमन के संगे राउंड रॉबिन फॉर्मेट में खेली। एमे से अंक तालिका में सुरुआती चार स्थान पs रहे वाली टीम सेमीफाइनल में जगह बनाई आ इहां जीते वाली टीम फाइनल में भिड़ी।

वनडे विश्व कप 2023 के पूरा शेड्यूल

तारीख मैच मैदान
पांच अक्तूबर इंग्लैंड बनाम न्यूजीलैंड अहमदाबाद
छह अक्तूबर पाकिस्तान बनाम क्वालिफायर 1 हैदराबाद
सात अक्तूबर बांग्लादेश बनाम अफगानिस्तान धर्मशाला
सात अक्तूबर दक्षिण अफ्रीका बनाम क्वालिफायर 2 दिल्ली
आठ अक्तूबर भारत बनाम ऑस्ट्रेलिया चेन्नई
नौ अक्तूबर न्यूजीलैंड बनाम क्वालिफायर 1 हैदराबाद
10 अक्तूबर इंग्लैंड बनाम बांग्लादेश धर्मशाला
11 अक्तूबर भारत बनाम अफगानिस्तान दिल्ली
12 अक्तूबर पाकिस्तान बनाम क्वालिफायर 2 हैदराबाद
13 अक्तूबर ऑस्ट्रेलिया बनाम दक्षिण अफ्रीका लखनऊ
14 अक्तूबर इंग्लैंड बनाम अफगानिस्तान दिल्ली
14 अक्तूबर न्यूजीलैंड बनाम बांग्लादेश चेन्नई
15 अक्तूबर भारत बनाम पाकिस्तान अहमदाबाद
16 अक्तूबर ऑस्ट्रेलिया बनाम क्वालिफायर 2 लखनऊ
17 अक्तूबर दक्षिण अफ्रीका बनाम क्वालिफायर 1 धर्मशाला
18 अक्तूबर न्यजीलैंड बनाम अफगानिस्तान चेन्नई
19 अक्तूबर भारत बनाम बांग्लादेश पुणे
20 अक्तूबर ऑस्ट्रेलिया बनाम पाकिस्तान बेंगलुरु
21 अक्तूबर इंग्लैंड बनाम दक्षिण अफ्रीका मुंबई
21 अक्तूबर क्वालिफायर 1 बनाम क्वालिफायर 2 लखनऊ
22 अक्तूबर भारत बनाम न्यूजीलैंड धर्मशाला
23 अक्तूबर पाकिस्तान बनाम अफगानिस्तान  चेन्नई
24 अक्तूबर दक्षिण अफ्रीका बनाम बांग्लादेश मुंबई
25 अक्तूबर ऑस्ट्रेलिया बनाम क्वालिफायर 1 दिल्ली
26 अक्तूबर इंग्लैंड बनाम क्वालिफायर 2 बेंगलुरु
27 अक्तूबर पाकिस्तान बनाम दक्षिण अफ्रीका चेन्नई
28 अक्तूबर बांग्लादेश बनाम क्वालिफायर 1 कोलकाता
28 अक्तूबर ऑस्ट्रेलिया बनाम न्यूजीलैंड धर्मशाला
29 अक्तूबर भारत बनाम इंग्लैंड लखनऊ
30 अक्तूबर अफगानिस्तान बनाम क्वालिफायर 2 पुणे
31 अक्तूबर पाकिस्तान बनाम बांग्लादेश कोलकाता
एक नवंबर न्यूजीलैंड बनाम दक्षिण अफ्रीका पुणे
दो नवंबर भारत बनाम क्वालिफायर 2 मुंबई
तीन नवंबर क्वालिफायर 1 बनाम अफगानिस्तान लखनऊ
चार नवंबर इंग्लैंड बनाम ऑस्ट्रेलिया अहमदाबाद
चार नवंबर न्यूजीलैंड बनाम पाकिस्तान बेंगलुरु
पांच नवंबर भारत बनाम दक्षिण अफ्रीका कोलकाता
छह नवंबर बांग्लादेश बनाम क्वालिफायर 2 दिल्ली
सात नवंबर ऑस्ट्रेलिया बनाम अफगानिस्तान मुंबई
आठ नवंबर इंग्लैंड बनाम क्वालिफायर 1 पुणे
नौ नवंबर न्यूजीलैंड बनाम क्वालिफायर 2 बेंगलुरु
10 नवंबर दक्षिण अफ्रीका बनाम अफगानिस्तान अहमदाबाद
11 नवंबर भारत बनाम क्वालिफायर 1 बेंगलुरु
12 नवंबर इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान कोलकाता
12 नवंबर ऑस्ट्रेलिया बनाम बांग्लादेश पुणे
15 नवंबर पहला सेमीफाइनल मुंबई
16 नवंबर दूसरा सेमीफाइनल कोलकाता
19 नवंबर फाइनल मैच अहमदाबाद

 

ग्रुप स्टेज के आखिरी मैच 12 नवंबर के खेलल जाई। एकरा बाद सेमीफाइनल मैच 15 नवंबर के मुंबई आ 16 नवंबर के कोलकाता में होई। फाइनल मैच 19 नवंबर के अहमदाबाद में होई।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.